Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘खिंचवाके थाना में बइठा देब…’, डॉक्टर कुर्सी ऑफर ना कइले त भड़कली SDM, वीडियो वायरल

यूपी के हरदोई के मेडिकल कॉलेज में सदर SDM जब एगो मरीज के बयान दर्ज करे पहुंचली त ड्यूटी प तैनात डॉक्टर उनका के कुर्सी ऑफर ना कइले। एह प एसडीएम भड़क गइली। ऊ CMHO के फोन क के मैनर्स सिखावे के बात कहले। ऊ कहले कि अगली बेर अइसन बात कइले त खिंचवाके थाना में बइठवा देम। 

387

उत्तर प्रदेश के हरदोई जिला में एगो डॉक्टर आपन कुर्सी ऑफर नइखे कइले त सदर एसडीएम स्वाति शुक्ला भड़क गइली। ऊ सीएमएचओ के फोन क के कहले कि डॉक्टर के शिष्टाचार सिखा देले। संगही ऊ एह ममिला के लिखित रूप से डीएम के रिपोर्ट भेजला के बात कहले।अब एह ममिला के वीडियो सोशल मीडिया में वायरल हो रहल बा।

आपन सफाई में एसडीएम अस्पताल में भर्ती एगो पीड़िता के बयान लेवे आ उपचार के निरदेस के बात कहली। ओने, मेडिकल कॉलेज के प्रिंसिपल महिला अधिकारी के शिष्टाचार में रहे के सलाह देले बाड़ी।

दरअसल, बीतल रात एगो युवती द्वारा जहर खइला के ममिला में सदर SDM स्वाति शुक्ला बयान दर्ज करे मेडिकल कॉलेज पहुंचल रहली। बतावल जा रहल बा कि अस्पताल के इमरजेंसी में तैनात मेडिकल ऑफिसर डॉ. चंद्रकांत एसडीएम के आपन कुर्सी ऑफर नइखे कइले। एह बात प ऊ आगबबूला हो गइली।

महिला अफसर तुरंत सीएमओ के फोन क के खरी-खोटी सुना देली। एह पूरा ममिला के वीडियो सोशल मीडिया प वायरल हो गइल। ऊ कहत लउकली  कि ”ई चंद्रकांत कवना पोस्ट प बाड़े, अइसे त हम बाते ना करेम आ जदि आ जदि अगिला बेर बात कइले त खिंचवाके थाना में बइठवा देम.”

ओने, मेडिकल कॉलज के प्राचार्य एसडीएम के शिष्टाचार में रहे के बात इयाद दिलवले। फिलहाल सोशल मीडिया प वीडियो वायरल होखला के बाद दुनो तरफ से ममिला के शांत करे के प्रयास कइल जा रहल बा।

SDM बोलली- हम चाहत रहनी कि लईकी के मेडिकल अटेंशन निम्मन से मिले

एह ममिला में SDM स्वाति शुक्ला बोलली- हमरा पता चलल कि एगो लईकी जहर खा लेले बिया त हम तुरंत अस्पताल पहुंचनी। पीड़िता के हालत गंभीर बतावल गइल। हम चाहत रहनी कि लईकी के मेडिकल अटेंशन निम्मन से मिले। एकरा अलावे जदि अइसन लागत बा कि ऊ जीवित ना रह पाई त ओकर डाईंग डिक्लेरेशन लेवे के रहे। जब ऊ पहुंचली त ट्रीटमेंट वगैरह चलत रहे। डॉक्टर के एकदम अलर्ट कर देनी कि बहुत अच्छा से ट्रीटमेंट होखे, ओकर जान बच सके। बाकी जवन बयान दिहल, ओकरा के हमहूँ नोट क लेनी। लापरवाही ना बरतल जाव, एकरा खातिर कहल गइल।

प्रिंसिपल बोलली- कुर्सी के बात के लेके कुछ गरम हो गइल रहे माहौल

मेडिकल कॉलेज के प्रिंसिपल डॉ. वाणी गुप्ता कहली कि हमरा संज्ञान में ई ममिला आइल बा। एगो लईकी जवन जहर खा लेले रहे, ओह संबंध में सीओ आ एसडीएम बयान लेवे आइल रहली, ओहि समय डॉ. चंद्र प्रकाश राउंड लेके अइले आ अपना चेंबर में घुसला के बाद आपन चेयर प बइठ गइले। शायद एही बात के लेके उहां कुछ गरम माहौल हो गइल रहे।

डॉ. गुप्ता कहली कि जदि हमनी के कवनो ऑफिसर भा कवनो  कर्मचारी के चेंबर में जानी स त हमनी के ओकरा कुर्सी प बइठ नइखी स सकत, ना ऊ ऑफर करी। हमनी के ऊ कवनो दोसर कुर्सी ऑफर क सकत बा। रउआ ओकरा कमरा में बइठके चाय पी सकत बानी, रउआ ओकरा चेयर प नइखी बइठ सकत। जहां तक हमरा लागत बा कि डॉ. चंद्रप्रकाश अइसन कवनो गलती ना कइले। सब ऑफिसर के एक दूसरा के आदर करे के चाहीं।  उम्मीद करत बानी कि एह प्रकार के घटना के पुनरावृत्ति ना होई।

351420cookie-check‘खिंचवाके थाना में बइठा देब…’, डॉक्टर कुर्सी ऑफर ना कइले त भड़कली SDM, वीडियो वायरल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.