[the_ad_group id="30365"]

ऑस्ट्रेलिया आ न्यूजीलैंड में नया साल के जश्न सुरू, भारत में कुछ घंटा बाद दस्तक देई NEW YEAR 2024

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नया साल के शुरुआत के लेके पूरा दुनिया में उत्सव के माहौल बा। भारत में भी नया साल के जश्न जनता के बीच चल रहल बा। लोग अपना दोस्तन आ परिवार के साथे जश्न मनावत बा। भारत में कुछ देर में नया साल शुरू होखे वाला बा जवना खातिर उलटी गिनती शुरू हो गइल बा। दुनिया के कई देशन में नया साल के शुरुआत हो गइल बा।

उत्तराखंड : ऋषिकेश के परमार्थ निकेतन आश्रम के सामने लोग एक साथे आरती कईले।

ऋषिकेश के परमार्थ निकेतन आश्रम के सामने नया साल के पूर्व संध्या पs लोग गंगा आरती कईले।

जम्मू कश्मीर : नव वर्ष के पूर्व संध्या मनावत लोग

श्रीनगर के लाल चौक पs लोग नयका साल के पूर्व संध्या मनावत नाचत-गावत देखाई देतारे। 

साल 2023 के आखिरी आरती साँझ के अयोध्या के सरयू घाट पs भइल

साल 2023 के आखिरी दिन अयोध्या के सरयू घाट पs आखिरी साँझ के आरती भइल। एकर वीडियो भी सामने आइल बा।

न्यूजीलैंड में नया साल के शुरुआत भइल

न्यूजीलैंड के ऑकलैंड में नया साल 2024 के स्वागत आतिशबाजी से भइल।

ऑस्ट्रेलिया में नया साल के आगाज, भारी आतिशबाजी

ऑस्ट्रेलिया सिडनी में चकाचौंध करे वाला आतिशबाजी से नया साल 2024 के शुरुआत कइल गइल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]