Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Happy Birthday Arshad Warsi: बॉलीवुड के बेहतरीन एक्टर के करे के पड़ल रहे, सेल्समैन के नौकरी…

फिल्म मुन्नाभाई के सर्किट अरशद वारसी 19 अप्रैल के आपन जन्मदिन मनावत बाड़े। अभिनेता के 55 साल पूरा हो गइल बा। इनकर जनम 1968 में मुंबई में भइल रहे। अरशद वारसी आजु एह इंडस्ट्री में एगो अलगे पहचान बना लिहले बाड़न।

1,340

एक बेर उ एगो इंटरव्यू में खुलासा कईले कि पहिला फिल्म के बाद उनुका बहुत मुश्किल से गुजरे के पड़ल। अरशद वारसी के पहिला फिल्म ‘तेरे मेरे सपने ’ के निर्माण अभिनेता अमिताभ बच्चन के प्रोडक्शन हाउस एबीसीएल के बैनर तले भइल बाकिर फिल्म फ्लॉप हो गइल। एकरा बाद अरशद तीन साल तक बेरोजगार रहले।
फिल्म तेरे मेरे सपने फ्लॉप होखला के बाद अरशद वारसी के बहुत दिन तक कवनो काम ना मिलल। करीब तीन साल तक उ काम के तलाश में भटकत रहले। अरशद वारसी के एह कठिन समय में उनुकर पत्नी मारिया गोरेट्टी के सहयोग मिलल रहे। एह बात के खुलासा खुद अरशद वारसी अपना फिल्म इरादा के प्रचार के दौरान कइले रहले।

त आईं आजु उनुका जन्मदिन के खास मउका पे उनुसे जुड़ल कुछ खास बात जानल जाव-

•अगर रउरा अरशद वारसी के पूरा नाम नइखी जानत त बता दी कि उनकर पूरा नाम अरशद हुसैन वारसी ह।

•अरशद वारसी के पिता अहमद अली खान रहलें जे फिल्म इंडस्ट्री के मशहूर सहायक संगीत निर्देशक आ हारमोनियम वादक रहलें। आशिक खान सूफी संत वारिस अली शाह के फॉलोअर रहले। एह से उनकर समर्पण के चलते अरशद के पिता उनकर नाम खान से बदल के वारसी उपनाम अपना लिहले।

• अरशद के 14 साल के उमिर में आपन माता-पिता के मौत हो गईल। उनकर पिता के कैंसर रहे जवना के चलते अरशद छोट रहले त उनुकर निधन हो गईल। एकरा 2 साल बाद उ आपन माई के खो देले।

• अरशद वारसी के पूरा बचपन हॉस्टल में बीतल, उनकर माई-बाबूजी हर दू साल पे उनका के ले आवे जात रहले। जवना के वजह से अरशद पहिले बहुत दुखी रहले।

• बचपन में अरशद वारसी जिमनास्ट बने के चाहत रहले। एक बेर दू गो अंग्रेज लोग उनका के जिमनास्ट बने के ऑफर कइल बाकिर उनकर बाबूजी अनुमति ना दिहलन। जवना के वजह से उ अपना माई-बाबूजी से एतना नाराज हो गईले कि उ फेर कबो ओ लोग से मिले ना गईले।

• अरशद पहिले बड़का बंगला में रहत रहले, लेकिन बाबूजी के मरला के बाद उनकर दिन बदल गईल। उनकर बंगला उनका हाथ से निकल गइल आ उनका एक कमरा के फ्लैट में शिफ्ट होखे के पड़ल।

• बाबूजी के गईला के बाद अरशद के गुजारा कईल मुश्किल हो गईल। अइसना में दसवीं के पढ़ाई अधूरा छोड़े के पड़ल।

•अरशद आपन गुजारा करे खातिर आ माई के इलाज खातिर सेल्समैन के काम करे लगले। जवना के बदला में उनके कुछ पईसा मिलत रहे।

•रउरा ई जान के हैरान होखब कि अरशद वारसी अभिनेता होखे के अलावे एगो बेहतरीन डांसर आ कोरियोग्राफर भी हउवें। ऊ कई गो डांस नंबर के कोरियोग्राफी कइले बाड़न, एकरा अलावा ऊ एगो डांस ग्रुप भी बनवले बाड़न जवना के नाम रहे ऑसम।

• अरशद दू गो लईका बाड़े, जेके वारसी आ जेन वारसी । उनकर बियाह मारिया गोरेट्टी से भइल बा। अरशद के प्रेम कहानी भी बहुत रोचक बा। असल में अरशद के मुलाकात मारिया से कॉलेज के फेस्ट में भइल रहे। जहाँ अरशद जज रहले आ मारिया प्रतियोगी रहली। इहे अरशद के मारिया से प्यार हो गईल अउरी फिर दुनु जाना के बियाह हो गईल।

521150cookie-checkHappy Birthday Arshad Warsi: बॉलीवुड के बेहतरीन एक्टर के करे के पड़ल रहे, सेल्समैन के नौकरी…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.