[the_ad_group id="30365"]

हमीरपुर: गांव के लोग सियार के पीट-पीटके मार डलले, 6 गो लोग घायल

हमीरपुर में ग्रामीण कुल मिल के सियार के मार डलले: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के कई जिला में बाघ, तेंदुआ, भेड़िया जईसन भयावह जंगली जानवर के आतंक जारी बा। एही बीच हमीरपुर में एगो सियार घर में घुस के एगो परिवार पs हमला कs देलस। एह हमला में आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. हमला से नाराज गांव के लोग सियार के घेर के लाठी से पीट-पीट के मार देले।

पूरा मामला जिला के जलालपुर थाना के बिलपुर गांव के बा, जहां काल्हु सबेरे जंगल से निकल के एगो सियार मानव आवास में घुस गईल। ई सियार एगो घर में घुस के आधा दर्जन लोग के काट के घवाहिल कs दिहलस। घाही में एक महिला अवुरी पांच पुरुष शामिल बाड़े, जवना के इलाज खातीर सरकारी अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

एs मामिला में हमीरपुर के डीएफओ अनिल श्रीवास्तव बतवले कि एगो सियार (गीदड़) भटक के गांव में पहुंचल बा। संभव बा कि ऊ डर से भा आत्मरक्षा में गाँव के लोग पs हमला कइले होखे. एह हमला में कुछ लोग घवाहिल हो चुकल बा. फिलहाल वन विभाग के टीम के मौका पs भेज दिहल गईल बा। जांच रिपोर्ट मिलला के बाद सच्चाई सामने आई।

संगही जलालपुर थाना प्रभारी उमाशंकर बतवले कि काल्ह सांझ ले सियार हमला के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल तs जदी सोझा आईल तs जांच होई। हालांकि बुंदेलखंड के जंगल में सियार बहुत संख्या में पावल जाले, जवन कबो-कबो इंसान पs हमला करेले।

उल्लेखनीय बा कि बहराइच के 35 गांव के लोग भेड़िया के आतंक के चलते डर से जियत बाड़े। जिला में एह आदमखोर भेड़िया से करीब दस लोग के मौत हो चुकल बा. साथ ही पीलीभीत में बाघ के डर भी बा। सुल्तानपुर जिला में भी भेड़िया देखल गइल बा। एही बीच हमीरपुर से आईल खबर सबके चौंका देले बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]