[the_ad_group id="30365"]

हल्द्वानी हिंसा: अब ले हो चुकल बा 6 लोगन के मउत, पूरा शहर में कर्फ्यू; उपद्रवियन के देखते गोली मारे के आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीयफ़ें के उत्तराखंड में एगो मस्जिद गिरावे के बाद हंगामा मच गईल। पूरा शहर हिंसा के चपेट आ गइल। जब ले पुलिस स्थिति पs काबू पा लिहलस तब तक बदमाश आपन योजना के पूरा कs लेले रहले। पुलिस अवुरी प्रशासन टीम पs पत्थरबाजी होखत रहे। एह हमला में बहुते पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइल बाड़े। कई गो गाड़ियन में आग लगा दिहल गइल।एक समय हिंसा एतना तेज हो गईल कि पुलिस के पीछे हटे के पड़ल।

हिंसा में 6 लोग के मउत हो गईल

अब खबर आ रहल बा कि एह हिंसा में 6 लोग के मउत हो चुकल बा। पुलिस के जवान अवुरी आम लोग समेत बहुत लोग घाही बाड़े। पूरा हल्द्वानी शहर में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा। स्थिति के नाजुकता के अंदाजा एs बात से लगावल जा सकता कि राज्य सरकार बदमाश के देखते गोली मारे के आदेश देले बिया।

हिंसा अवुरी अफवाह के रोके खातीर शहर में बीयफ़ें के रात से इंटरनेट बंद कs दिहल गईल। एकरा संगे आज सभ स्कूल भी बंद रही। एह पूरा अराजकता में जॉनी, अनस, आरईस फहीम, इसरार नाम के लोग के मौत हो गइल बा आ तीन सौ से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा। एहमें हल्द्वानी एसडीएम पारितोष वर्मा, कालाढूंगी एसडीएम रेखा कोहली, तहसीलदार सचिन कुमार, सीओ स्पेशल ऑपरेशन नितिन लोहनी समेत करीब दू सौ पुलिसकर्मी शामिल बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]