[the_ad_group id="30365"]

H-1B Visa : एप्लीकेंट्स पs ट्रंप के सख्ती, आज से शुरू होई सोशल मीडिया स्क्रीनिंग;  जानीं भारतीय लोगन पs का पड़ी असर?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। अमेरिका में ट्रंप प्रशासन एक बेर फेर वीजा नियम कड़ा कs देले बा। आज माने सोमार से H-1B आ H-4 वीजा खातिर आवेदन करे वाला सब लोगन के सोशल मीडिया स्क्रीनिंग सुरू हो गइल बा। मतलब अब वीजा एप्लीकेंट के ऑनलाइन मौजूदगी आ सोशल मीडिया प्रोफाइल के गहराई से जांच होई।

सरकार के नया आदेस के मोताबिक 15 दिसंबर से H-1B वीजा खातिर आवेदन करे वाला लोग आ ओह लोगन पs निर्भर परिवार (H-4) के सोशल मीडिया अकाउंट देखल जाई। एकरा पहिले खाली छात्र वीजा लेवे वाला लोगन के ऑनलाइन मौजूदगी चेक होत रहे, बाकिर अब नौकरी वाला वीजा आ आश्रितो एह दायरा में आ गइले बा लोग।

सोशल मीडिया प्रोफाइल पब्लिक करे के आदेस

अमेरिकी विभाग साफ कइले बा कि जांच प्रक्रिया आसान बनावे खातिर सब वीजा एप्लीकेंट्स के सोशल मीडिया प्रोफाइल पब्लिक रखे के होई। प्राइवेट अकाउंट रहला पs दिक्कत आ सकेला। विभाग मान रहल कि वीजा अमेरिका के अधिकार ना, बलुक एगो विशेष सुविधा हs, एकरा से हर आवेदक के पूरा जांच जरूरी बा।

अमेरिकी बिदेस विभाग के कहनाम बा कि वीजा देवे से पहिले ई देखल जरूरी बा कि आवेदक अमेरिका के राष्ट्रीय सुरक्षा खातिर खतरा तs ना बन सकेला। सोशल मीडिया पोस्ट, ऑनलाइन एक्टिविटी आ संपर्कन से संदिग्ध गतिविधि के पहचान कइल जाई।

बिदेस विभाग के चेतावनी

बिदेस विभाग चेतावनी देले बा कि वीजा आवेदन करे वाला लोगन के मंशा के गहिराह जांच होई। ई सुनिश्चित कइल जाई कि कवनो आवेदक अमेरिका के राष्ट्रीय हित के नुकसान पहुंचावे वाला तs नइखे। एह जांच में एफ, एम आ जे कैटेगरी के स्टूडेंट आ एक्सचेंज विजिटर सामिल बा लोग।

भारतीयन पs सबसे जादे असर

H-1B वीजा धारकन में करीब 70 प्रतिशत भारतीय प्रोफेशनल बा लोग। वित्त बरिस 2024 में भारत के लगभग 80,500 नया H-1B वीजा मिलल रहे। एकरा चलते ट्रंप प्रशासन के एह सख्ती के सबसे जादे असर भारतीय आईटी प्रोफेशनल, इंजीनियर आ टेक्नोलॉजी सेक्टर में काम करे वाला लोगन पs पड़त देखाई दे रहल बा।

एकरा से पहिले सितंबर में ट्रंप प्रशासन H-1B वीजा फीस बढ़ा के 1 लाख डॉलर तक कs देले रहे, जवन भारतीय लोगन खातिर बड़ झटका साबित भइल।

आगे आउर सख्ती के संकेत

अमेरिका अब एगो नया प्रस्ताव पs काम करत बा, जवना में टूरिस्ट आ बिजनेस ट्रैवलर्स से पिछिला 5 साल के सोशल मीडिया जानकारी मांगे के बात बा। एकरा से यूके, जर्मनी, फ्रांस, जापान आ ऑस्ट्रेलिया जइसन देसन के यात्रियन पs असर पड़ सकेला, जे अब तक वीजा-फ्री यात्रा करत रह।

Read Also: Saphala Ekadashi 2025 : सफला एकादशी पs एह विधि से करीं भगवान विष्णु के पूजा, इहां पढ़ीं भोग, मंत्र आ सुभ मुहूर्त

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]