Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जिम मालिक के शिव भक्ति, डंबल्स अउर वेट प्लेट से बना दिहलें अद्भुत शिवलिंग

274

सोशल मीडिया पर अक्सर कुछ अनोखा चीज देखे के मिलsला। कई बेर लोग के कुछ अइसन क्रिएटिविटी देखे खातिर मिलला जे पर बिस्वास कइल मुश्किल होला। अब आजुकाल सोशल मीडिया पर एगो अइसने क्रिएटिविटी देखे के मिलल बा जौन आप के दिल जीत लेई। आदमी के एह क्रिएटिविटी के लोग खूब पसंद कs रहल बानें।

दरअसल ई आदमी जिम के डंबल अउर वेट प्लेट के मदद से एगो बड़ शिवलिंग बनवले बानें। शख्स के डंबल अउर वेट प्लेट के साथ कइल गई क्रिएटिविटी के सभे तारीफ कs रहल बा।

सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल ई तस्वीर के मध्य प्रदेश के ग्वालियर के बतावल जा रहल बा। जिम मालिक अपने जिम के अंदर अनोखा शिवलिंग बनवले बानें जौन सबके हैरान कs रहल बा।

आदमी शिवलिंग के डंबल अउर वेट प्लेट के मदद से बनवलें बानें। ट्विटर पर @ColoursOfBharat नाम के अकाउंट से एह तस्वीर के शेयर कइल गइल बा। एह तस्वीर के लोग खूब पसंद कs रहल बानें। एह तस्वीर के करीब दू हजार लोग लाइक कइले बानें जबकि सौ से ज्यादा लोग एहके रिट्वीट कइले बानें।

तस्वीर में दिख रहल बा कि शिवलिंग के लग्गे दीया भी जलावल गइल बा। एकरे संगही फूल के माला भी चढ़ावल गइल बा। जिममालिक जिम में इस्तेमाल होखें वाले उपकरणन से शिवलिंग बना के लोग के दिल जीत लिहले बानें।

380140cookie-checkजिम मालिक के शिव भक्ति, डंबल्स अउर वेट प्लेट से बना दिहलें अद्भुत शिवलिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.