[the_ad_group id="30365"]

ज्ञानवापी मस्जिद से जुड़ल बड़ खबर: भीतर मिलल शिवलिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ज्ञानवापी से जुड़ल बड़ खबर बा। सर्वे टीम परिसर के भीतर शिवलिंग के मिलल बा। ए बात के सोझा अईला के बाद वाराणसी के अदालत डीएम के आदेश दिहलस कि जहवाँ शिवलिंग मिलल रहे ओकरा के तुरंत सील क दिहल जाए। ओहिजा कवनो आदमी के एंट्री ना होखे के चाहीं. कोर्ट इ आदेश डीएम, पुलिस आयुक्त अवरू सीआरपीएफ कमांडेंट के देले बिया। अदालत एह अधिकारियन के एह जगहन के संरक्षण आ रक्षा करे के निजी जिम्मेदारी दिहले बिया.

दरअसल सर्वेक्षण खातिर टीम तीसरा दिन ज्ञानवापी गईल रहे। बतावल जा रहल बा कि टीम ओहिजा शिवलिंग के देखले रहुवे. सर्वे टीम के हिस्सा रहल हिन्दू पक्ष के वकील हरिशंकर जैन तुरंत वाराणसी कोर्ट में आवेदन कईले। एह में कोर्ट के बतावल गइल कि ओहिजा शिवलिंग मिलल बा. इ बहुत जरूरी सबूत बा। सीआरपीएफ के कमांडेंट के ए जगह प सील करे के आदेश देवे के मांग रहे। सीनियर डिवीजन जज रवि कुमार दिवाकर डीएम के ए जगह प तुरंत सील करे के आदेश देले बाड़े।

हिन्दू पक्ष बाहर आके कहलस – भीतर मिल गइलें बाबा

एकरा से पहिले वाराणसी के ज्ञानवापी परिसर के सर्वे सोमवार के तीसरा दिन पूरा हो गईल रहे। सर्वे के बाद हिन्दू पक्ष के अधिवक्ता डॉ. सोहनलाल सामने आके एगो बड़ दावा कईले। कहलन, ‘ बाबा के भीतर मिलल बा… जिन खोजा तिन पइया। त समझीं, जवन खोजल जात रहे, अउरी बहुत कुछ मिलल बा। अब 75 फीट लंबा, 30 फीट चौड़ा आ 15 फीट ऊँच पच्छिमी देवाल का लगे जवन मलबा बा ओकरा से एकरा सर्वे के माँग बढ़ जाई|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]