Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वाराणसी में ज्ञानवापी मस्जिद में सर्वेक्षण के दौरान निकलल कोबरा साँप

152

वाराणसी के ज्ञानवापी-शृंगार गौरी मामला में अदालत के फैसला के बाद शनिवार के सबेरे 8 बजे से सर्वे के काम शुरू हो गईल बा। ओने खबर आ रहल बा कि सर्वे के दौरान कोबरा साँप के बाहर निकलला के चलते हलचल मचल बा। सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक मौका प मौजूद पुलिसकर्मी सांप पकड़ेवाला के फोन कईले बाड़े। एकरा संगे-संगे सांप के बहरी आवे के जानकारी वन विभाग के अधिकारी के दिहल गईल बा। एडवोकेट कमिश्नर के संगे-संगे दुगो सहायक के भी सर्वेक्षण टीम में शामिल कईल गईल बा। एकरा अलावे वादी अवुरी प्रतिवादी के संगे-संगे मस्जिद परिसर में सर्वे टीम के संगे दुनो पक्ष के वकील भी मौजूद बाड़े। प्रवेश करेवाला सभ लोग के मोबाइल जमा हो गईल बा। फिलहाल कैंपस के एगो कमरा खोल दिहल गईल बा, जवना के सर्वेक्षण कईल जाता।

बताईं कि 56 (ग) के आधार पर मुस्लिम दलन के कोर्ट कमिश्नर बदले के पड़ल. एह मांग के सिविल जज खारिज कर दिहले. मस्जिद के भीतर भईल सर्वेक्षण के मुस्लिम पक्ष 61 (ग) के आधार प विरोध कईले रहे। कोर्ट अपना आदेश में कहले बिया कि मस्जिद के सर्वे के मामला में जदी कवनो बाधा पैदा होखता त प्रशासन ओकरा प दंडात्मक कार्रवाई करे के चाही। कहल जाला कि हिन्दू पक्ष के हिसाब से मस्जिद आ विश्वनाथ मंदिर के बीच 10 फीट गहिराई कुआं बा जेकरा के ज्ञानवापी कहल गइल बा। स्कन्द पुराण में भी एकर जिक्र बा। मानल जाला कि भगवान शिव जी खुदे अपना त्रिशूल से लिंगाभिषेक खातिर ई कुआँ बनवले रहले।

इहो कहल जाला कि इहाँ शिव जी अपना पत्नी पार्वती के ज्ञान देले रहीं, एही से एह जगह के नाम ज्ञानवापी भा ज्ञान के कुआँ बा। एह बारे में कई गो कहानी आ किंवदंती एह इलाका में प्रचलित बाड़ी सऽ। काशी विश्वनाथ मंदिर अवुरी ज्ञानवापी मस्जिद के विवाद अयोध्या बाबरी मस्जिद के विवाद निहन बा। वाराणसी के पुलिस आयुक्त ए सतीश गणेश अवुरी खुद डीएम कौशल राज मौका प मौजूद बाड़े। एह दुनु शीर्ष अधिकारियन के मौजूदगी में शांति से सर्वेक्षण कइल जा रहल बा जवना के आजु पूरा होखे के उमेद बा.

251190cookie-checkवाराणसी में ज्ञानवापी मस्जिद में सर्वेक्षण के दौरान निकलल कोबरा साँप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.