Gurugram: दू कांवरियन के टोली आपस में भिड़ल, CCTV में लाठी डंटा से हमला करत लउकले लोग; आपसी रंजिश के मामला

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 2, 2024

Gurugram: गुरुग्राम में जलाभिषेक के बाद कावड़ियन के दू गो समूह के बीच झगड़ा भइल। घटना के सीसीटीवी कैमरा में कैद कइल गइल। दिल्ली से सटल गुरुग्राम इलाका में कांवरियन के दू गो समूह के

Share

Gurugram: गुरुग्राम में जलाभिषेक के बाद कावड़ियन के दू गो समूह के बीच झगड़ा भइल। घटना के सीसीटीवी कैमरा में कैद कइल गइल।

दिल्ली से सटल गुरुग्राम इलाका में कांवरियन के दू गो समूह के बीच झगड़ा के खबर आइल बा। जलाभिषेक कइला का बाद दुनु समूह एक दोसरा से टकरा गइल। मिलल जानकारी के मोताबिक इ झगड़ा पुरान प्रतिद्वंद्विता के चलते भइल बा। मारपीट के दौरान आधा दर्जन गाड़ी के नुकसान पहुंचल बा आ बहुत लोग घायल हो चुकल बाड़े।  सीसीटीवी कैमरा में लोगन के लाठी से हमला करत देखल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.