[the_ad_group id="30365"]

MP: शोभा यात्रा में के फेंकल नफरती पत्थर? हनुमान बनल शख्स के दिहलस धक्का, मुख्य आरोपी गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के गुना जिला में हनुमान जन्मोत्सव के मौका पs शनिचर के रात बहुते बवाल मच गइल. शोभा यात्रा के दौरान कुछ लोग पथराव कईले। एकरा चलते अराजकता पैदा हो गईल। गुना पत्थर चलावे के मामला के प्रमुख आरोपी विकी पठान के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। एह हमला के एगो खास वीडियो भी सामने आइल बा। हिन्दू पक्ष के आरोप बा कि शोभा यात्रा प मस्जिद के भीतर से पत्थर फेंकल गईल। सड़क से निकलल दंगाई जुलूस में शामिल गाड़ी पs पथराव कईले।

20 अज्ञात लोग के खिलाफ मुकदमा दर्ज

शोभा यात्रा पs पत्थरबाजी के घटना के बाद पूरा इलाका में तनावपूर्ण स्थिति बा। एकरा संगे एs मामला में हिन्दू पक्ष के शिकायत के बाद पुलिस 5 नाम अवुरी 20 अनजान लोग के खिलाफ मामला दर्ज करवले बिया। एहमें से मुख्य आरोपी समेत 9 जने के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाकी लोग के तलाशी खातीर छापामारी कईल जाता। घटना के बाद से इलाका में तनाव मचल बा। मौका पs बहुत थाना से बल तैनात कईल गईल बा।

हनुमान के कपड़ा पहिनले आदमी के धक्का दिहल गईल

गुना में हनुमान जयंती जुलूस पs हमला के एक्सक्लूसिव वीडियो सामने आइल बा. वीडियो में साफ-साफ देखल जा सकता कि कवनो खास समुदाय के युवक हनुमान के कपड़ा पहिनले आदमी के बेल्ट लेके धक्का देता। गुना हनुमान जयंती पथराव के मामला के आरोपी विक्की पठान मस्जिद से 50 मीटर दूर रहेवाला पुरुषोत्तम सेलर के जान से मारे के धमकी देले बाड़े।

अब हम इहाँ ना रहब – पुरुषोत्तम के परिवार

जुलूस के बाद उनुका घर के भीतर पथराव भी कइल गईल। घर के पहिला मंजिल पs पत्थर पड़ल बा। परिवार के लोग बहुत डेरा गईल बाड़े। पुरुषोत्तम सेलर बतवले कि शनिचर के रात आधा घंटा तक हंगामा जारी रहल। पुरुषोत्तम के छोट भाई के पत्नी किरण बतवली कि उs बहुत डेरा गईल बाड़ी। विक्की पठान रात में जान से मारे के धमकी देके मोबाइल तूड़ देले, अब इहां ना रहब।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]