[the_ad_group id="30365"]

गुना बस हादसा: शराब के नशा में रहले ड्राइवर आ कंडक्टर, मरे वालन के संख्या एक दर्जन से जादा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मध्य प्रदेश के गुना में एगो दुखद बस दुर्घटना हो गइल बा। बुध के रात आरोन जाए वाली बस में तेज रफ्तार डंपर से टकरा गईल अवुरी आग लाग गईल। बस में करीब 30 से 40 यात्री रहले, जवना में 13 लोग के जिंदा जर गईले। एकरा संगे 17 जने गंभीर रूप से घाही होखे के बात कहल जाता, जवना के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। दुर्घटना में बस चालक के मउत के खबर भी बा। यात्री लोग के मुताबिक चालक अवुरी कंडक्टर शराब के नशा में रहले।

मृतक के परिवार के चार-चार लाख रुपिया के मुआवजा

एह भयावह बस दुर्घटना पs दुख जतावत मुख्यमंत्री मोहन यादव दुर्घटना के जाँच करावे के आदेश दिहले बाड़न। ताकि भविष्य में अयीसन दुर्घटना से बचावल जा सके। एकरा संगे मरेवाला के परिवार के चार-चार लाख अवुरी घाही के पचास हजार रुपिया देवे के निर्देश दिहल गईल बा। पुलिस के मुताबिक घटना रात के करीब 9 बजे गुना-आरोन रोड पs भईल जब गलत ओर से आवत डंपर ट्रक यात्री के सवार बस से टकरा गईल। एकरा बाद बस पलट गईल अवुरी आग लाग गईल।

एक घंटा ले कवनो मदद ना पहुंचल

बतावल जाता कि बुध के रात सिकरवार बस सर्विस के खटारा बस गुना से आरोन जात रहे। ओकरा बाद उल्टा दिशा से आवत डंपर से टकरा गईल। टक्कर के बाद बस में आग लाग गईल। कुछ लोग मुश्किल से भाग पवले। बाकी यात्री पुलिस अवुरी दमकल के सूचना देले। लेकिन यात्री लोग के कहनाम बा कि एक घंटा ले उहाँ कवनो मदद ना पहुंचल। जवना के चलते एकरा में बहुत लोग के चोट पहुंचे के संभावना बा। घटना के जानकारी मिलला के बाद कलेक्टर अवुरी एसपी मौका पs पहुंचले अवुरी घाही के जिला अस्पताल भेज दिहल गईल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]