[the_ad_group id="30365"]

गुजरात में बरखा से 26 गो के मउत, वडोदरा, जामनगर आ द्वारका में सबसे जादा तबाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आजुओ मौसम विभाग गुजरात में बरखा के यलो अलर्ट जारी कइले बा. सब जिला में भारी बरखा के चेतावनी दिहल गइल बा. अधिकतम तबाही वडोदरा, जामनगर, द्वारका में देखाई दे रहल बा। वडोदरा में विश्वामित्री नदी के पानी शहर में घुस गईल बा। विश्वामित्री नदी के स्तर 34 फीट पार हो गइल बा जबकि खतरा के निशान 25 फीट पs बा. शहर के भीतर हर जगह बाढ़ लउकत बा। जमगर आ द्वारका में भी परेशानी कम होखे के कवनो संकेत नईखे लउकत। मोरबी अवुरी अहमदाबाद में भी बाढ़ से लोग के जान परेशानी में डाल देले बा। गुजरात में अबहीं ले 652.4 मिमी बरखा भइल बा जबकि अबले के सामान्य बरखा महज 558.3 ​​मिमी बा. 6 जिला में सेना के तैनाती कईल गईल बा।

मौसम विभाग आजु गुजरात के कच्छ, जामनगर, मोरबी, देवभूमि द्वारका, पोरबंदर में बरखा खातिर रेड अलर्ट जारी कइले बा. एकरा संगे भारी बरखा अवुरी आंधी के संभावना भी बा। सुरेंद्रनगर, अमरेली, गिर आ सोमनाथ जिला में ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा. बनासकांठा, पाटन, साबर कांथा, महेसाणा अरावली, गांधीनगर, अहमदाबाद, भावनगर, महिसागर, दाहोद, पंचमहल, खेड़ा, आनंद, वडोदरा के साथे गुजरात के अउरी छोट-छोट जिला में हल्का बरखा के लेके अलर्ट जारी कइल गइल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]