[the_ad_group id="30365"]

Gujarat: चांदीपुरा वायरस के 50 केस मिलल, 16 के मौत हो गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात में चांदीपुरा वायरस के 50 मामला सामने आइल बा जवना में 16 लोग के जान गइल बा। गुजरात के स्वास्थ्य मंत्री रुशिकेश पटेल ई जानकारी दिहले बाड़न।

गुजरात के स्वास्थ्य मंत्री रुशिकेश पटेल कहले कि राज्य भर में चांदीपुरा वायरस के 50 मामला सामने आइल बा आ 16 लोग के जान गइल बा। पटेल बतवले कि, हिम्मतपुर में चांदीपुरा वायरस के 14 मामला सामने आइल बा, जवना में से 7 मरीज के भर्ती करावल गइल बा। चंडीपुरा वायरस के तीन गो मामला दोसरा राज्य से आइल बा । अभी तक पूरा राज्य में चंडीपुरा वायरस के 50 मामला सामने आइल बा आ 16 लोग के जान गइल बा। ऊ आगे कहले कि हर गांव आ सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र के एकरा बारे में सचेत कइल गइल बा। एकरा संगे-संगे मुख्यमंत्री कलेक्टर, मुख्य जिला स्वास्थ्य अधिकारी (सीडीएचओ) आ मेडिकल कॉलेज के संगे बैठक कइले बाड़े। ऊ आगे कहले कि, गुजरात में बच्चा में चंडीपुरा वायरस के लक्षण मिलल बा, जवना से कुछ डर पैदा भइल बा। सात गो केस के प्रयोगशाला परीक्षण खातीर पुणे भेजल गइल, जवना में से सिर्फ एक में चांदीपुरा वायरस पावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]