[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में GST पकड़लस 25 लाख के मोबाइल फोन-एसेसरीज: स्पीलर बस से दिल्ली से आइल माल, फेर कार में भरके बलदेव प्लाजा में उतारल जात रहे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में GST पकड़लस 25 लाख के मोबाइल फोन-एसेसरीज: स्पीलर बस से दिल्ली से आइल माल, फेर कार में भरके बलदेव प्लाजा में उतारल जात रहे

गुड्स एंड सर्विस टैक्स (GST) डिपार्टमेंट बुध के गोरखपुर में बड़ कार्रवाई कइले बा। बिना ईवे बिल के टीम करीब आठ लाख के मोबाइल फोन सहित करीब 25 लाख रुपिया के मोबाइल एसेसरीज जब्त कs लेलस।

जब्त मोबाइल फोन आ एसेसरीज दिल्ली से कार में भरके बलदेव प्लाजा के एगो बेयपारी के दुकान पs सप्लाई करे खातिर ले आवल जात रहे। टीम कार के गीडा से लेके गोलघर तक पीछा कइलस। गाड़ी जइसही बलदेव प्लाजा में माल उतारे लागल, ओइसही माल के जब्त कs लिहल गइल।

छापा के दौरान बंद हो गइल बलदेव प्लाजा के जादेतर दुकान

छापा के समय बलदेव प्लाजा के जादेतर दुकान बंद हो गइल। जांच के दौरान टीम मवका पs जब कार सवारन से माल के कागज मांगले गइल तs ऊ बिल s दिखा सकल, बाकिर ईवे बिल ना देखा सकल लो। एकरा बाद टीम पूरा माल जब्त कs लेलस

टाउनहाल से दिखवाल गइल बा बरामदगी

हालांकि, GST अफसरन के दावा बा कि ई माल ऊ लोग टाउनहाल के लगे से बरामद कइले बा। जबकि, बलदेव प्लाजा के दुकानदारन के मोताबिक, GST टीम प्लाजा के ATS लेन से ई माल बरामद कइले बिया। जवना के दुकानदारन के लगे CCTV फुटेजो मवजूद बा।

2.50 लाख रुपिया जमा करावल गइल पेनाल्टी

GST अफसरन के मोताबिक, ई माल दिल्ली से बिना कवनो कागजात के मंगावल गइल रहे। माल दिल्ली से स्लीपर बस के माध्यम से मंगावल गइल रहे। GST अफसर माल जब्त कs के GST दफ्तर ले गइल लो। एकरा बाद बेयपारी से 2.50 लाख रुपिया के पेनाल्टी जमा करावल लो।

अवैध कारोबार पs GST के नजर

एडिशनल कमिश्नर ग्रेड-दु संजय कुमार बतवलें- अवैध कारोबारियन पs विभाग के पैनी नजर बा। आगहूं एह तरे के कार्रवाई जारी रही। जे केहू बिना कागजात के कारोबार करत पावल जाई, ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]