चीन के शेनझेन शहर में धंसल रेलवे निर्माण स्थल के जमीन, 13 लोग भइले लापता

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 5, 2024

चीन के एगो रेलवे निर्माण स्थल पs भइल एगो बड़हन दुर्घटना के जानकारी सामने आ रहल बा. बतावल जाता कि रेलवे निर्माण स्थल पs अचानक जमीन धसला के चलते उहाँ काम करेवाला बहुत मजदूर एकरा

Share

चीन के एगो रेलवे निर्माण स्थल पs भइल एगो बड़हन दुर्घटना के जानकारी सामने आ रहल बा. बतावल जाता कि रेलवे निर्माण स्थल पs अचानक जमीन धसला के चलते उहाँ काम करेवाला बहुत मजदूर एकरा नीचे दब गईले। राहत आ बचाव दल के जानकारी मिलला के बाद बहुत लोग के बचावल गईल, बाकिर बहुत लोग अबे ले लापता बाड़े, जेकरा के तलाशी लिहल जाता। चीन के शेनझेन शहर में रेलवे निर्माण स्थल पs भइल ई हादसा.


मजदूर के मुताबिक जब उs लोग काम करत रहले तs अचानक जमीन के बड़ हिस्सा धसे लागल।मजदूर अंदर गिर गईल। कुछ मजदूर भागे में कामयाब हो गईले, बाकिर जमीन के अंदर 13 मजदूर लापता हो गइले. राज्य के समाचार एजेंसी ‘शिन्हुआ’ स्थानीय अधिकारियन के हवाला से कहलस कि बुध के रात करीब एगारह बजे शेनझेन के बाओआन जिला में शेनझेन-जियांगमेन रेलवे के एगो हिस्सा के निर्माण स्थल पs भूस्खलन भइल.

राहत आ बचाव के काम जारी बा
घटना के बाद राहत अवुरी बचाव दल आपन अभियान शुरू कs देले बिया। लापता लोग के तलाशी लिहल जा रहल बा। समाचार एजेंसी ‘शिन्हुआ’ के मुताबिक, घटना स्थल के नजदीक के घर के खाली कs के अस्थायी तौर पs यातायात रोक दिहल गईल बा। दुर्घटना के कारण के भी जांच कईल जाता। निर्माण स्थल के आसपास चलत हर तरह के काम बंद कs दिहल गइल बा. 

इहो पढ़ीं: स्पीकर राम निवास गोयल चुनावी राजनीति से लिहले संन्यास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.