[the_ad_group id="30365"]

जवने थाना में तैनाती, ओही के हवालात में दुगो पुलिसकर्मी के गुजारे के पड़ल दिन, इ ह पूरा मामिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जवने थाना में तैनाती, ओही के हवालात में दुगो पुलिसकर्मी के गुजारे के पड़ल दिन, इ ह पूरा मामिल

बिजनौर जिला में थाना से एगो आरोपी के तीन हजार रुपिया छोड़े के आरोप में दु पुलिस जवान के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। नूरपुर थाना में तैनात हेड कांस्टेबल अवुरी सिपाही के खिलाफ पईसा मांगे के मामिला में रिपोर्ट दर्ज करावल गईल। दुनो लोग थाना से एगो आरोपी के रिहा करे के बदला में घूस के मांग कईले रहले। पुलिस अधीक्षक ऑडियो रिकॉर्डिंग मिलला के बाद इ कार्रवाई कईले बाड़े।

जानकारी के मुताबिक, थाना से बाहर निकले के आरोप में एगो आरोपी के चीफ कांस्टेबल पुरुषोत्तम अवुरी नूरपुर थाना में तैनात कांस्टेबल अनुज कुमार गिरफ्तार कs लेले बाड़े। बतावल जाता कि आरोपी के छोड़े खातीर दुनो लोग पीड़िता से तीन हजार रुपिया के घूस मांगले रहले।

पीड़िता सीयूजी नंबर पs पुलिस अधीक्षक बिजनौर से एकर शिकायत कईले। जवना के बाद एसपी के आदेश पs जांच भईल। जांच में दोषी पावल गईला के बाद दुनो पुलिसकर्मी के खिलाफ कार्रवाई कईल गईल बा।

लेनदेन के ऑडियो मिलला के बाद पुलिस अधीक्षक नीरज कुमार जादौन मामला के जांच सीओ के सौंप देले। मामिला सही पवला के बाद एसपी दुनो के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज करावे के आदेश देले। भ्रष्टाचार से जुड़ल धारा के तहत मामिला दर्ज करावल गईल बा।

दुनो पुलिसकर्मी के ओही थाना में राखल गईल, जहां उ लोग तैनात रहले।

बता दीं कि पुलिस अधीक्षक बिजनोर भ्रष्टाचार के खिलाफ जीरो टोलरेंस नीति अपना रहल बाड़े। अयीसना में पीड़िता के शिकायत पs तुरंत जांच कs कार्रवाई खातीर निर्देश दिहल गईल। बुधवार के जब जांच के दौरान दुनो पुलिसकर्मी के आरोपी मिलल तs खुद थाना से गिरफ्तार कs लिहल गईल।

खास बात ई बा कि एह पुलिसकर्मियन के ओही थाना में बंद कs दिहल गइल रहे जहाँ ई लोग तैनात रहले। एसपी नीरज कुमार जादौन के आदेश पs दुनो के तुरंत प्रभाव से निलंबित कs दिहल गईल बा। एह मामला में नूरपुर थाना प्रभारी के भूमिका भी संदिग्ध पावल गईल, जवना के जांच कईल जाता।

साभार- अमर उजाला

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]