[the_ad_group id="30365"]

यमुना एक्सप्रेस-वे पs बड़ हादसा, भीषण टक्कर में वैन के उड़ल परखच्चा; 5 लोगन के दर्दनाक मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के ग्रेटर नोएडा में एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। यमुना एक्सप्रेसवे पs एगो तेज रफ्तार गाड़ी आगे बढ़त वैन के टक्कर मार देलस। ए दौरान वैन बेकाबू होके पलट गईल। वैन में सवार पांच लोग के मउत हो गईल, जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। वैन में सवार लोग दिल्ली से झारखंड जात रहले। ग्रेटर नोएडा के रबूपुरा थाना में देर रात के घटना घटल। घटना के बाद इलाका में दहशत मच गईल। सूचना के बाद पुलिस मउका पs पहुंच गईल।

वैन में 8 लोग रहे, 5 लोग के मउत हो गईल

जानकारी के मुताबिक, शुक्रवार के रात करीब 1:00 बजे रबूपुरा थानातंर्गत इलाका में नोएडा से जेवर के ओर जीरो प्वाइंट से 25 किलोमीटर दूर यमुना एक्सप्रेसवे पs एगो इको वैन के पीछे से तेज रफ्तार से टक्कर मार दिहलस। वैन में कुल 8 लोग जात रहले, जवना में से पांच लोग के मउत हो चुकल बा अवुरी तीन लोग घाही हो गईल बाड़े। बतावल जाता कि तीनों घाही बच्चा हवे, जेकरा के इलाज खातीर जेवर के कैलाश अस्पताल में भर्ती करावल बा। तीनों बच्चा के हालत गंभीर बतावल जाता।

जेवर के ओर जात घरी दुर्घटना हो गई

मउका पs पहुंचल पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। पुलिस के कहनाम बा कि वैन में सवार सभ लोग दिल्ली से झारखंड जात रहले। ई हादसा ग्रेटर नोएडा से जेवर के ओर जात घरी भइल। मरेवाला के पंचायतनामा दाखिल कईला के बाद पुलिस के ओर से जरूरी कार्रवाई कईल जाता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]