[the_ad_group id="30365"]

फरेंदा में धूमधाम से निकलल भव्य शोभायात्रा, परशुराम जन्मोत्सव में उमड़ल भारी भीड़ 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आनंदनगर के नगर पंचायत तहसील ब्राह्मण समुदाय चौराहा पs विष्णु मंदिर के प्रांगण में स्थित भगवान परशुराम के प्रतिमा ले पहुंच के प्रार्थना कईले। आनंदनगर के मुख्य सड़कन पs जुलूस निकाल के परशुराम जन्मोत्सव ब्राह्मण समुदाय के लोग खूब धूमधाम से मनावल गइल.

परशुराम जन्मोत्सव के अवसर पs नगर पंचायत आनंदनगर के विष्णु मंदिर में स्थित भगवान परशुराम के मूर्ति के पूजा करके ब्राह्मण समुदाय के लोग द्वारा परशुराम जन्मोत्सव के धूमधाम से मनावल गइल।

ब्राह्मण समुदाय के लोग द्वारा तरह तरह के झांकी बना के समाज के संदेश दिहल गईल

पूरा उपनगर के मुख्य सड़क पs जुलूस निकालल गईल जवना के चलते पूरा उपनगर भक्तिमय हो गईल। ब्राह्मण समुदाय के लोग द्वारा सांझ के प्रसाद के वितरण भी कइल गइल।

कलाकारन द्वारा भक्ति नृत्य एवं गीत सहित सांस्कृतिक कार्यक्रम प्रस्तुत कs सभ के मन मोह लिहले बा

एह दौरान ब्राह्मण समाज के गौरी शंकर मालवीय, मनोज मिश्रा, विशुनदेव त्रिपाठी, प्रभाकर उपाध्याय, ब्रम्हानंद पाण्डेय, सूरज राय, अमित तिवारी, नरेंद्र तिवारी, कृष्ण कुमार पांडेय, अमित चौबे, डॉ प्रमोद मिश्र, दिलीप तिवारी, शिवम पाण्डेय, रवींद्र शुक्ला, नरेंद्र त्रिपाठी, सत्यदेव तिवारी, अरुण उपाध्याय, पूर्व सभासद देवी शरण दुबे, राजेन्द्र तिवारी, सभासद मोनू पांडेय, पूर्व प्रधान देवेंद्र पांडेय, गोले तिवारी, चंद्रप्रकाश दुबे, राहुल पांडेय, विनायक दुबे, राघवेंद्र मिश्र, राहुल चौबे, नितेश मिश्र, विकास पांडेय, कृष्णा पाण्डेय, सिद्धार्थ पाण्डेय, समेत बड़ संख्या में ब्राह्मण समाज के लोग मौजूद रहले।

 

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]