GPL सीजन- 10 के विजेता बनल मां अम्बे-11 : एवेंजर्स-11 के फाइनल मुकाबला में हरा के दर्ज कइलस जीत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2022

गोरखपुर में जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के ओर से चल रहल गोरखपुर प्रीमियर लीग क्रिकेट चैंपियनशिप के दूसरा दिन खूब चौका- छक्का लागल। एमें 6 टीम का आपस में मुकाबला होखले के बाद दू टीम फाइनल

Share

गोरखपुर में जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के ओर से चल रहल गोरखपुर प्रीमियर लीग क्रिकेट चैंपियनशिप के दूसरा दिन खूब चौका- छक्का लागल। एमें 6 टीम का आपस में मुकाबला होखले के बाद दू टीम फाइनल मे पहुंचल। फाइनल मुकाबला देर रात ले मां अम्बे 11 अउर एवेंजर्स 11 के बीच खेलल गइल। जेमें मां अम्बे 11 टीम जीत दर्ज कइलस। एह टीम के खिलाड़ी जेसी सागर रामवानी मैन ऑफ द मैच बनलें।

टीम के मिलल जीत के ट्रॉफी
शहर के अभयनन्दन इंटर कॉलेज के मैदान पर मंगलवार के रात खेलल गइल| ई मैच काफी रोमांचकारी रहल। तीसरका दिन के मुख्य अतिथि जोन प्रेजिडेंट जेसी हिमांशु अग्रवाल अउर विशिष्ट अतिथि पवन सिंघानिया रहने। जेनके द्वारा विजेता सब के ट्रॉफी देहल गइल। ऊ एह प्रतियोगिता के तारीफ कइने अउर भविष्य खातिर जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के शुभकामना देहने। संगही टूर्नामेंट देखले खातिर दर्शकन से मैदान भरल रहे।

जेसी प्रिंस रामानी बनने मैन ऑफ द सीरीज
अध्यक्ष जेसी मयंक मित्तल बतवने कि मैन ऑफ द सीरीज जेसी प्रिंस रामानी के, बेस्ट बॉलर जेसी रजत पाण्डेय के, बेस्ट फील्डर जेसी अर्पित अग्रवाल के देहल गइल। अध्याय कोषाध्यक्ष जेसी बिट्टू जालान बतवने कि एह टूर्नामेंट के एतना बेहतर ढंग से आयोजित कइले खातिर जेसी संकल्प जायसवाल, आयुष गर्ग, आकाश गर्ग, अंकुर जालान के अत्याधिक प्रयास रहल। एह टूर्नामेंट में पुनीत अग्रवाल, नितेश पोद्दार, गौरव जिंदल, विवेक अग्रवाल, मोहित मित्तल, अनमोल टिबड़ेवाल, रजत लाठ, आशीष लाठ, अनुपम अग्रवाल, राहुल जायसवाल आदि मौजूद रहने।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.