Govinda: गोविंदा के हो रहल बा तलाक, 37 साल के शादी टूटल, सुनीता कई बेर दे चुकल बाड़ी अफेयर के हिंट

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2025

गोविन्द आ उनकर पत्नी सुनीता आहूजा कवनो ना कवनो कारण से खबर में बनल रहेला। अब खबर बा कि ओह लोग के वैवाहिक जिनिगी में सबकुछ ठीक नइखे चलत. खबर बा कि गोविंदा के एक्सट्रा

Share

गोविंदा के हो रहल बा तलाक

गोविन्द आ उनकर पत्नी सुनीता आहूजा कवनो ना कवनो कारण से खबर में बनल रहेला। अब खबर बा कि ओह लोग के वैवाहिक जिनिगी में सबकुछ ठीक नइखे चलत. खबर बा कि गोविंदा के एक्सट्रा मैरिटल अफेयर बा अवुरी उनुकर तलाक अंतिम दौर में बा।

खबर बा कि गोविंदा के एगो 30 साल के मराठी अभिनेत्री से एक्सट्रा मैरिटल अफेयर बा। रेडिट पs एगो पोस्ट के मुताबिक गोविंदा के तलाक होखे वाला बा। सुनीता हाल के कई गो साक्षात्कार में गोविंदा के अफेयर के संकेत देले बाड़ी। दुनु जने अलग अलग घर में रहेलें काहे कि ओह लोग के शेड्यूल मेल ना खाला. 

हालांकि, तलाक अवुरी एक्सट्रा मैरिटल अफेयर के लेके अबे ले गोविंदा अवुरी सुनीता के ओर से कवनो आधिकारिक प्रतिक्रिया नईखे आईल। अब एह खबरन में कतना सच्चाई बा ई तs गोविंदा आ सुनीता ही बता सकेलें।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.