Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में राज्यपाल के अब नाहीं कहल जाइ “महामहिम”, जानी का ह पूरा मामिला

अब राज्यपाल खातिर सम्मानजनक शब्द के प्रयोग कइल उचित मानल जाई। बता दीं कि प्रणब मुखर्जी राष्ट्रपति खातिर भी महामहिम शब्द पs रोक लगा देले रहले।

2,793

 

राज्यपाल खातिर ‘महामहिम’ शब्द के प्रयोग अक्सर सुनले होखब, लेकिन अब बिहार में एकरा के बदल दिहल गईल बा। अब बिहार के राज्यपाल खातीर ‘महामहिम’ के संबोधन ना होई। ए संबंध में राज्यपाल के प्रधान सचिव राज्य के मुख्य सचिव समेत सभ प्रमुख अधिकारी के चिट्ठी लिखले बाड़े। लिखल बा कि अब राज्यपाल खातिर ‘महामहिम’ शब्द के प्रयोग ना कइल जाई।एकरा से पहिले उत्तर प्रदेश में भी इ बदलाव भईल रहे।अब राज्यपाल खातिर सम्मानजनक शब्द के प्रयोग कइल उचित मानल जाई। बता दीं कि प्रणब मुखर्जी राष्ट्रपति खातिर भी महामहिम शब्द पs रोक लगा देले रहले।

बिहार में राज्यपाल के अब महामहिम/राजभवन जारी पत्र ना कहल जाई

एकरा बारे में राजभवन के ओर से चिट्ठी जारी कईल गईल बा। पत्र के प्रति मुख्यमंत्री के प्रधान सचिव, सचिव, सभ संभागीय आयुक्त, जिला अधिकारी अवुरी राज्य के सभ विश्वविद्यालय के कुलपति के भेजल गईल बा। चिट्ठी में बतावल गइल बा कि जब राज्यपाल विदेशी राजनयिकन से भेंट करीहें त महामहिम शब्द के प्रयोग राज्यपाल खातिर विशेष परिस्थिति में ही कइल जाई।

चिट्ठी में का लिखल रहे?

असल में इ चिट्ठी राज्यपाल सचिवालय (बिहार) से जारी भईल बा। एहमें कहल गइल बा कि अबले महामहिम शब्द के इस्तेमाल राज्यपाल के संबोधित करे खातिर होखत रहे बाकिर अब महामहिम शब्द के इस्तेमाल ना कइल जाई। एकरा साथे राज्यपाल के नाम से पहिले श्री भा श्रीमती के प्रयोग कइल जाई। हालांकि खास हालात में महामहिम शब्द के इस्तेमाल खाली विदेशी राजनयिकन के साथे शिष्टाचार के बइठक में कइल जा सकेला बाकिर सरकारी टिप्पणी में अब महामहिम के जगह माननीय राज्यपाल शब्द के इस्तेमाल कइल जाई।

बदलाव के बारे में जानी

अब तक राज्य के भीतर हर तरह के कार्यक्रम खातिर “महामहिम” लिखल भा कहल जात रहे। अब ओकरा जगहा ‘Hon’ble’ भा ‘माननीय’ शब्द के प्रयोग हो जाई। His Excellency के इस्तेमाल विदेशी राजनयिकन से बातचीत (सौजन्य यात्रा) के दौरान ही विशेष परिस्थिति में कईल जाई। एकरा अलावे हर प्रकार के सरकारी टिप्पणी में महामहिम के जगह ‘माननीय राज्यपाल’ के प्रयोग होखे के चाही।

 इ फैसला उत्तर प्रदेश में भी लिहल गईल

एकरा से पहिले उत्तर प्रदेश में राज्यपाल के संबंध में भी इ फैसला लिहल गईल रहे, जवना में ‘महामहिम’ के जगह ‘माननीय राज्यपाल’ चाहे ‘राज्यपाल महोदय’ शब्द के इस्तेमाल करे के फैसला भईल रहे। उत्तर प्रदेश के राज्यपाल रहल राम नायक ‘प्रोटोकाल’ के व्यवस्था में संशोधन करत कहले रहले कि ‘राज्य के भीतर होखेवाला समारोह में अवुरी राज्य के गणमान्य लोग अवुरी राज्यपाल के बीच आपसी बातचीत में ‘महामहिम’ चाहे ‘उनकर’ महामहिम’ के प्रयोग होई।शब्द के प्रयोग ना होई।

राष्ट्रपति खातिर महामहिम शब्द पs भी रोक लगा दिहल गइल।

प्रणब मुखर्जी राष्ट्रपति पद के दौरान उनुका के अभिवादन करत घरी ‘एक्सीलेंसी’ अवुरी ‘महामहिम’ दुनो शब्द के इस्तेमाल पs रोक लगा देले रहले। एकरा से पहिले प्रोटोकॉल के मुताबिक राष्ट्रपति अवुरी राज्यपाल के अभिवादन करे से पहिले उनुका नाम से पहिले ‘एक्सीलेंसी’ चाहे ‘महामहिम’ जईसन शब्द के इस्तेमाल करे के प्रथा रहे। प्रणब मुखर्जी एह शब्दन के जगहा नया शब्दन के प्रयोग करे के निर्देश देले रहले।

 

 

661860cookie-checkबिहार में राज्यपाल के अब नाहीं कहल जाइ “महामहिम”, जानी का ह पूरा मामिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.