[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर विश्वविद्यालय : स्थापना दिवस में राज्यपाल आनंदीबेन पटेल सामिल होइहें, 112 मेधावियन के मिली गोल्ड मेडल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के स्थापना दिवस समारोह एक मई के आयोजित होखे जा रहल बा। एह समारोह के मुख्य अतिथि कुलाधिपति आ राज्यपाल आनंदीबेन पटेल होइहें। स्थापना दिवस समारोह में यूनिवर्सिटी गोल्ड मेडल सहित कुल 112 गोल्ड मेडल से मेधावी स्टूडेंट्स के सम्मानित कइल जाई।

समारोह में मेधावियन के 46 यूनिवर्सिटी गोल्ड मेडल आ 66 स्पॉन्सर्ड/डोनर गोल्ड मेडल दिहल जाई। एकरा संगही कुलाधिपति के ओर से युवा महोत्सव, सांस्कृतिक, क्रीड़ा प्रतियोगिता आ NSS/NCC के अलग-अलग प्रतियोगितन में बेहतर प्रदर्शन करे वाला छात्र- छात्रा सम्मानित होई लो।

एल्युमिनाई स्टूडेंट्स होई लो सम्मानित

एह समारोह में विश्वविद्यालय के एल्युमिनाई स्टूडेंट्स के सम्मानित कइल जाई। एकरा खातिर सब विभागन से लिस्ट मंगा लिहल गइल बा। कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन बतवली कि कुलाधिपति स्थापना दिवस समारोह में ऑनलाइन सहभागिता करे खातिर आपन स्वीकृत प्रदान कइले बाड़ी।

सैमसंग इनोवेशन केंपस के होई सुभारंभ

स्थापना दिवस के अवसर पs सैमसंग इनोवेशन कैंपस कार्यक्रम के सुभारंभ राज्यपाल करिहें। एह कार्यक्रम के माध्यम से स्टूडेंट्स के स्किल के विकास होई। आज से एकरा खातिर रजिस्ट्रेशन के प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा।

परीक्षा पोर्टल होई लांच

स्थापना दिवस समारोह में परीक्षा पोर्टल के सुभारंभ कइल जाई। समारोह के भव्य आ सानदार आयोजन खातिर सब समितियन के गठन कs दिहल गइल बा। अनुश्रवण समिति के संयोजक प्रोफेसर नंदिता सिंह के बनावल गइल बा।

महाविद्यालयन के होई सहभागिता

स्थापना दिवस समारोह में संबद्ध महाविद्यालयन के योगदान सुनिश्चित कइल जाई। विश्वविद्यालय परिसर में महाविद्यालयन के होर्डिंग आ बैनर लगावल जाई। संगही प्रबंधक गण के कार्यक्रम में आमंत्रित कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]