[the_ad_group id="30365"]

सरकार के उद्देश्य हर व्यक्ति के मिले योजना के लाभ : दीपक मिश्रा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। कार्यक्रम में विकसित भारत संकल्प यात्रा सुक के बरहज के ग्राम पंचायत डेहरी में पहुंचल। कार्यक्रम में अलग-अलग विभागन के ओर से संचालित जन कल्याणकारी योजनन के विस्तार से जानकारी दिहल गइल।

विशिष्ठ अतिथि ब्लॉक प्रमुख प्रतिनिधि संदीप सिंह आ मुख्य अतिथि विधायक दीपक मिश्रा शाका मां सरस्वती के चित्र पs माल्यार्पण आ दीप प्रज्ज्वलित कs के कार्यक्रम के सुभारंभ कइलें। आयुष्मान भारत, पेंशन, राशन, वंचित किसानन के किसान सम्मान निधि के प्रमाण पत्र देके लाभार्थियन के दीपक मिश्रा सम्मानित कइलें। राममंदिर निर्माण के गारंटी सरकार पूरा करे जा रहल बिया।

बेसिक शिक्षक, आंगनवाड़ी, कृषि विभाग स्वास्थ्य विभाग आ आउर विभागन के स्टाल के अवलोकन कइलें। गांव के पतोह काजल आ महरूनिषा के गोदभराई आ लईकन के अन्नप्राशन प्रमुख के ओर से कइल गइल। कार्यक्रम के अध्यक्षता ग्राम प्रधान प्रदीप सिंह आ संचालन धनंजय मणि त्रिपाठी नीरज गुप्ता कइलें।

एह दौरान विकसित भारत नोडल अधिकारी अभिमन्यु सिंह, सचिव रामप्रवेश कुमार, संदीप सिंह, सूर्यप्रकाश मिश्रा धन्नू, निक्कू सिंह, दिनेश पांडेय, धनेश यादव, ग्राम प्रधान संतोष खरवार, प्रमोद सिंह, रामनवल सिंह, मिंटू सिंह, मुलायम यादव, आशीष साहनी, अविनाश पांडेय, मुकेश यादव, सुशील कुमार आदि लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]