[the_ad_group id="30365"]

अग्निवीर स्कीम के लेके सरकार लिही बड़ फैसला? राजनाथ सिंह दिहले ई संकेत, जानी का कहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोदी सरकार 14 जून 2022 के युवा लो खातिर सशस्त्र बल में सेवा करे के भर्ती योजना शुरुआत कइले रहें। ए योजना के अग्निपथ नाम दिहल गइल रहें। चार साल के अवधि खातिर उम्मीदवारन के अग्निवीर के रूप में मान्यता दिहल जाई। अग्निवीर भारतीय सेना में एगो अलग रैंक होई। राजनाथ सिंह कहले कि जदि जरूरत पड़ल तऽ अग्निवीर स्कीम में बदलाव कइल जाई।

Agniveer Recruitment Scheme। अग्निवीर स्कीम के लेके रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह ने एगो बड़ बयान देले बाड़े। उऽ कहले कि जदि जरूरत पड़ल तऽ सरकार अग्निवीर भर्ती सकीम में बदलाव खातिर तइयार बिया। एगो निजी टीवी चैनल से बातचीत करत कहले कि सरकार ई सुनिश्चित करे के चाहत बिया कि अग्निवीरन के भविष्य सुरक्षित रहें।

सरकार के कोशिश बा कि युवा लो के भविष्य सुरक्षित होखे: राजनाथ सिंह

उऽ आगे कहले,”रक्षा बल में युवावस्था आवश्यक बा। सेना में युवावस्था होखे के चाहीं। हमरा लागेला कि युवा अधिक उत्साही बा। उऽ ढेर तकनीक-प्रेमी बा। हमनीं के ए बात के उचित ध्यान रखले बानी सन कि उनकर भविष्यो सुरक्षित रहें। जरूरत पड़ी तऽ हम ए स्कीम में बदलावो करेम।”

का हऽ अग्निवीर भर्ती स्कीम?

मोदी सरकार 14 जून 2022 के युवा लो खातिर सशस्त्र बल में सेवा करे के भर्ती योजना शुरुआत कइले रहें। ए योजना के अग्निपथ नाम दिहल गइल बा। चार साल के अवधि खातिर उम्मीदवारन के अग्निवीर के रूप में मान्यता दिहल जाई। अग्निवीर भारतीय सेना में एगो अलग रैंक होई।

योजना के तहत अग्निवीरन के पेशन, ग्रेच्युटी, एक्स सर्विसमैन खानी हेल्थ-स्कीम, वहीं, एक्स सर्विसमैन के दर्जा ना मिली। सर्विस के दौरान डियरनेस अलयंस आ मिलिट्री सर्विस पे भी ना मिली।

हालांकि, राशन, यूनिफॉर्म, ट्रेवल के भत्ता मिली। ओहिजा, दूसर जगही पऽ भर्ती में प्राथमिकता मिली। हालांकि, ओकरा बादो ए स्कीम के लगातार आलोचना हो रहल बा। विपक्षी सरकार के मानना बा कि सरकार युवा लो के शॉट टर्म नौकरी दे रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]