[the_ad_group id="30365"]

Air Travel Update: सरकार के एयर ट्रैवल एग्रीगेटर्स के आदेश, लॉकडाउन वाला अवधि के बुकिंग के फौरन लौटाई पइसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एयर टिकट बुकिंग अपडेट : तीन साल से जादे समय से ऑनलाइन एयर ट्रैवल बुकिंग कंपनी से रिफंड मिले के इंतजार करेवाला ग्राहक खातीर राहत के खबर बा। कोरोना महामारी के दौरान लगावल गईल लॉकडाउन अवधि में ऑनलाइन यात्रा से जुड़ल हवाई टिकट बुकिंग पोर्टल पs हवाई टिकट बुक करेवाला उपभोक्ता के पईसा तुरंत वापस करे के आदेश देले बिया। सरकार नवंबर के तीसरा सप्ताह के अंत तक रिफंड जारी करे के आदेश देले बिया।

कोरोना महामारी के पहिला चरण के दौरान एकरा के रोके खातीर 25 मार्च 2020 से देश में लॉकडाउन लगावल गईल। एह दौरान महामारी के फइलावे से रोके खातिर मई महीना ले घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय कमर्शियल उड़ान रद्द कs दिहल गइल।

उपभोक्ता मंत्रालय बुध के 8 नवंबर 2023 के ऑनलाइन हवाई टिकट बुकिंग के सुविधा देवे वाली कंपनी के संगे एगो बैठक कs उपभोक्ता हित पs बुरा असर डाले वाला मुद्दा पs चर्चा कईलस। एह बइठक में उपभोक्ता के पइसा ना लवटावे के मुद्दा भी उठल। उपभोक्ता मामिला सचिव रोहित कुमार सिंह के अध्यक्षता में भइल एह बइठक में कोविड-19 लॉकडाउन के दौरान बुक कइल टिकट के वापसी ना करे के मुद्दा पs चर्चा भइल।

बैठक के बाद मंत्रालय आधिकारिक बयान जारी कs कहलस कि ट्रैवल एग्रीगेटर से कहल गईल बा कि कोविड-19 लॉकडाउन के चलते प्रभावित लंबित किराया के रकम नवंबर के तीसरा सप्ताह के अंत तक देवे के होई। एकरा अलावे उपभोक्ता शिकायत के समयबद्ध निराकरण खातीर लोकपाल के स्थापना पs भी चर्चा भईल विज्ञप्ति में कहल गईल बा।

नागरिक उड्डयन मंत्रालय आ उपभोक्ता मामिला विभाग मिल के एकरा के स्थापित करे के तरीका तय कs सकेला। एगो अउरी प्रस्ताव में उपभोक्ता के शिकायत के प्रभावी समाधान खातिर राष्ट्रीय उपभोक्ता सहायता लाइन के एयर सेवा पोर्टल के संगे एकीकृत करे के भी फैसला कईल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]