[the_ad_group id="30365"]

आयुष विश्वविद्यालय: राष्ट्रपति 30 जून के करिहें लोकार्पण… शासन के सौपिहें रिपोर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महायोगी गुरु गोरखनाथ आयुष विश्वविद्यालय के उद्घाटन 30 जून के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के ओर से होखे वाला बा। जइसे-जइसे समय नजदीक आवत जाता, तईयारी तेज हो गईल बा। उत्तर प्रदेश सरकार के अधिकारी मंगल के दिने आयुष विश्वविद्यालय के दौरा करे आवत बाड़े. उs लोग उद्घाटन के तैयारी के निरीक्षण करीहे। बतावल जाता कि तैयारी के देखत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 21 जून के विश्वविद्यालय के निरीक्षण भी कs सकतारे।

जइसे-जइसे उद्घाटन समारोह के तारीख नजदीक आवत जात बा, विश्वविद्यालय में तरह तरह के काम में तेजी ले आवल गइल बा। मजदूर आ मिस्त्री के संख्या बढ़ावे पs भी विचार कइल जा रहल बा ताकि निर्धारित समय में निर्माण कार्य पूरा हो सके।

पीडब्ल्यूडी के अधिकारी आ कर्मचारी भी मेहनत कर रहल बाड़े। पंचकर्मा कुटिया प्रशासनिक भवन एडमिन हॉल में चैम्बर के सफाई, पेंटिंग आ निर्माण के काम चल रहल बा। खेत में माटी भर के ईंट बिछावे के काम चल रहल बा। तीन गो हेलीपैड भी तइयार कइल जा रहल बा।

सरकार के उच्च अधिकारी आजु समीक्षा करीहें

आयुष विश्वविद्यालय में उद्घाटन से पहिले तरह तरह के काम हो रहल बा। मंगल के दिने सरकार के उच्च अधिकारी ओह लोग के प्रगति जाने आवत बाड़े. काम के समीक्षा कईला के बाद उs लोग आपन रिपोर्ट सरकार के दे दिहे। उद्घाटन समारोह के खाका भी बनावल जा सकेला।

इहो पढ़ीं: Gorakhpur News: महज एक फिट जमीन खातीर…बुजूर्ग के गला रेत के हत्या- जमीन के चलत रहे विवाद

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]