[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर त्योहार मनावे खातिर तइयार,अट्रैक्टिव लुक के साथे झुमिहें गोरखपुरी लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अबकी बेर भी गोरखपुर त्योहार मनावे खातिर तइयार बा। एक ओर शक्ति के प्रति भक्ति बा तs गोरखपुरी लोग कई जगहा डांडिया – गरबा पs जोरदार झुमिहें। गोरखपुर लोग के साथे आयोजक लोग भी एकरा खातिर जोरदार तइयारी में लागल बा।

स्वर ‘द साउंड ऑफ म्यूजिक’ एगो म्यूजिकल संस्था ह। जिनकर ऑर्गेनाइजर अर्पिता उपाध्याय जी हईं। इ स्वर अकैडमी हर साल गरबा डांडिया के आयोजन करेला। ई आयोजन पिछला 5 साल से हो रहल बा। एह साल गरबा डांडिया डांस खातिर गुजरात से एक्सपर्ट के बोलावल गइल बा। जे बहुत बढ़िया गरबा, डांडिया, गरबा सालसा, बॉलीवुड गरबा आदि ऐसन कइ तरह के डांस के सिखा बाड़े लो।

गरबा कार्यक्रम में सब केहु अलग आ खास लागल चाहेला। एकरा खातिर मार्केट में डिमांड पs ड्रेस भी उपलब्ध बा। एही क्रम में रविवार के गरबा कपड़ा अवुरी गहना के प्रदर्शनी के आयोजन भईल, ताकि आकर्षक लागे।

 गरबा प्रेमी हमेशा मैचिंग जूती, कपड़ा अवुरी गहना के तलाश में रहेले, जवना से उनुकर लुक आकर्षक होई। गरबा के रविवार के गोकुल अतिथी भवन में गरबा खातिर कपड़ा, आभूषण आ सजावट उपलब्ध रहे। कपड़ा आ गहना के भरमार रहे, जवन गुजरात के अहमदाबाद से खास तौर पs ले आवल गईल रहे, जवना में घाघरा चोली, चूड़ी, पगड़ी, क्रॉप टॉप जईसन गरबा के वेशभूषा अवुरी मांग टिक्का, हार सेट नाक पिन, ईथरिंग्स, गुजराती जईसन गहना शामिल रहे।

•घाघरा चोली सेट ——1500-5000 रुपिया

•जूती—- 350-500 रुपिया

•रिंग —-50-150 रुपिया

•बैंगल्स—- 150-350 रुपिया

•गुजराती बैंगल्स—–220-400 रुपिया

•नोज पिन—–200 रुपिया

•कमर बंद— 150-400 रुपिया

•डांडिया स्टिक—-120-180 रुपिया

एह गरबा डांडिया में बहुत लोग भाग ले रहल बाड़े। पिछला 20 दिन से एकर वर्कशॉप चल रहल बा। अबे 8 दिन बाचल बा। ई वर्कशॉप 15 सितंबर से सुरु बा, जवन 16 अक्टूबर ले चली। 16 अक्टूबर के एगो ग्रैंड फिनाले होखी जवना में पास दिहल जाई. बिना पास के कवनो एंट्री ना दिहल जाइ। एह ग्रैंड फिनाले गोरखपुर क्लब से होखी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]