[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: दुकानदार के गरियावत महिला दरोगा के वीडियो वायरल, किराया के लेके चलत रहे विवाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के कैंट क्षेत्र के कूड़ाघाट में स्थित दुकान खाली करावल गइल एयरपोर्ट चौकी इंचार्ज के गाली गाली देत वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल। पीड़ित दुकानदार पुलिस पs जबरन दुकान के खाली करवावे के आरोप लगवले बानें।
जानकारी के मुताबिक, कमलेश कुमार गुप्ता 34 साल से दुकान में किराएदार बानें। बुध के कमलेश प्रेस क्लब में पत्रकार वार्ता करत बतवलें कि उनकर कूड़ाघाट, सोनार गली में घड़ी के बरिस 2010 से दुकान ह। दुकान मालिक से उनकर अनुबंध होखले के साथ मामला न्यायालय में विचाराधीन बा।

एह बीच 6 नवंबर के रात में कुछ लोग जबरन दुकान के ताला तूड़ के सामान निकाल के बाहर रख दिहलें। दुकान में लागल ताला के गैस कटर से कटले के भी वीडियो वायरल भइल बा। एकर सूचना एयरपोर्ट चौकी पर देहले पर महिला दरोगा मौका पर पहुंचल अउर उनके ही गारी देवे लगली। जिनकर वीडियो वायरल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]