[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर SSP 7 थानेदारन के कइलें ट्रांसफर: ईत्यानंद पांडेय के रामगढ़ताल आ जितेंद्र सिंह के गोरखनाथ के प्रभार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के SSP डॉक्टर गौरव ग्रोवर कानून बेवस्था के चुस्त दुरुस्त करे खातिर बुध के देर रात जिला के सात थानेदारन के तबादला कs देलें। एमे एगो  इंस्पेक्टर के लाइन से थाना के चार्ज मिलल बा, बाकी छव के थाना क्षेत्र में बदलाव कइल कइल बा। SSP कैंप कार्यालय से जारी सूचना के मोताबिक निरीक्षक जितेंद्र कुमार सिंह के पुलिस लाइन से गोरखनाथ के थानेदार बनावल गइल बा।

थाना प्रभारी बांसगांव विजय सिंह के खोराबार के थानेदार बनावल गइल बा। ओहिजा चौरीचौरा के प्रभारी निरीक्षक चितवन कुमार के कोतवाली के थानेदार बनावल गइल बा। एकरा अलावे रामगढ़ताल के थानाध्यक्ष मदन मोहन मिश्र के सहजनवा के थानाध्यक्ष, ईत्यानंद पांडेय के सहजनवा थानाध्यक्ष से रामगढ़ताल के थानाध्यक्ष, गोरखनाथ के थाना प्रभारी अरविंद सिंह के बांसगांव के थानाध्यक्ष बनावल गइल बा। खोराबार के थाना प्रभारी आशीष सिंह के चौरीचौरा के थानाध्यक्ष बनावल गइल बा।

विवाद के बाद हटल कोतवाली इंस्पेक्टर के ना मिलल चार्ज

बीतल दिनन रुपिया के लेन देन के हो रहल पंचायत के दौरान भइल मारपीट के ममिला में लाइन हाजिर भइल इंस्पेक्टर विमलेश कुमार सिंह के कवनो थाना के चार्ज ना मिलल। ओहिजा दु महीना के भीतर रामगढ़ताल के थाना प्रभारी मदन मोहन मिश्रा के कार्यक्षेत्र दु बेर बदल दिहल गइल। एकरा पहिले ऊ AIIMS थानाअध्यक्ष रहस। मानल जा रहा कि संतोषजनक काम ना होखला के चलते उनकर तबादला कइल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]