[the_ad_group id="30365"]

Sawan 2023: सीएम योगी कइलें रुद्राभिषेक, जनकल्याण खातिर मगलें मन्नत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखनाथ मंदिर में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रुद्राभिषेक कइलें। रुद्राभिषेक अनुष्ठान के शुरुआत भगवान गणेश के पूजा-अर्चना के साथे भइल।

गोरक्षपीठाधीश्वर आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ  श्रावण मास के दूसरका सोमार के जनकल्याण खातिर रुद्राभिषेक कइलें। एक घंटा ले चलल अनुष्ठान में ऊ आम के रस, 11 लीटर दूध, जल, दही, घी, शक्कर, शहद, गंगा जल अउर गन्ना के रस से महादेव भगवान शिव के अभिषेक कइलें।

उ बेलपत्र, सफेद कमल, लाल कमल, कनेर, शमी पत्र, दूब, कुशा, राई, गुड़हल, धतूरा, भांग अउर श्रीफल  चढ़वलें। रुद्राभिषेक अनुष्ठान के शुरुआत भगवान गणेश के पूजा-अर्चना के साथे भइल। ओकरी बाद मुख्यमंत्री  भगवान शिव अउर द्वादश ज्योतिर्लिंग के पूरा विधि-विधान के साथे षोडशोपचार पूजन कइलें।

ओकरी बाद आपन गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि स्थल पs जाके उनकर आशीर्वाद लिहलें। हमेशा के तरह मंदिर परिसर के भ्रमण करे के बाद ऊ गोशाला में गइलें अउर आधा घंटा ले गायन के बीच रहलें। अपन हाथ से गुड़-चना खिलवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]