[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: चौरीचौरा में दिनदहाड़े गहना के दोकान से चार लाख के भइल चोरी, जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के चौरीचौरा क्षेत्र के मुंडेरा बाजार के कस्बा में शुक्क के दुपहर एक बजे चोर सब बड़ चुनौती देहले बानें सब। चोर कुल प्रेमचंद जायसवाल के सराफा दुकान के तिजोरी खोलकर 20 ग्राम सोना अउरी लगभग 5 किलो चांदी उठा ले गइलें। चोरी कइल गइल गहना के कीमत चार लाख बतावल जा रहल बा। प्रेमचंद जायसवाल घटना के सूचना पुलिस के देहलें। पुलिस अभिन जांच करते रहल कि कुछ दूरी पर स्थित एगो कपड़ा के दुकान से भी चोर सब 25 हजार नकद उठा ले गइलें।

जानकारी के मुताबिक, प्रेमचंद जायसवाल के मुंडेरा बाजार स्थित सनातन धर्म भवन के लग्गे सराफा की दुकान ह। नीचे दुकान अउरी ऊपर मकान बा। ऊ तिजोरी बंद कsके पास के ही एगो बैंक में कुछ काम से चल गइल रहलें। वापस लौटलें त देखलें कि तिजोरी खुलल बा। उ पुलिस के देहल तहरीर में पांच किलो चांदी अउरी 20 ग्राम सोना के जेवरात चोरी होखले के बात कहलें।

पुलिस मामिला के जांच पड़ताल में जुट गइल बा। सीसीटीवी फुटेज के आधार पर पुलिस कुछ लोग के हिरासत में लिहले बा। उनसे पूछताछ कइल जा रहल बा। पुलिस के आशंका बा कि पकड़ल गइल लोग से चोरी के खुलासा हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]