[the_ad_group id="30365"]

बदल रहल बा गोरखपुर: रामगढ़ताल में सैर-सपाटा खातिर विकसित कइल जाइ जलाशय, 10 करोड़ से होइ सुंदरीकरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर जिला के प्लैनेटोरियम क्षेत्र में नौका विहार से लेके सर्किट हाउस तक के प्राकृतिक जलाशय के अब जल निकाय के रूप में विकसित करे के तैयारी शुरू हो गईल बा। जल निकाय के किनारे सबेरे जॉगिंग करे वाला लोग खातिर जॉगिंग ट्रैक बनावल जाई आ नाव चलावे के सुविधा भी दिहल जाई। एक ओर से दूसरा ओर जाए खातीर दुगो पुल भी बनावल जाई। जीडीए एह प्रोजेक्ट खातिर पहिला चरण के काम भी शुरू कर दिहले बा। नया साल में शहर के लोग के पिकनिक खातिर बेहतर जगह मिल जाई।

पानी के निकाय रामगढ़ताल के सामने नया सावेरा के लगे से लेके होटल मैरिएट के पीछे तक लगभग 42 एकड़ में फइलल बा। एकरा सौंदर्यीकरण खातिर जीडीए दस करोड़ रुपिया के बजट तय कइले बा। जीडीए के अधिकारी के मुताबिक, जल निकाय वसुंधरा एन्क्लेव से होटल मैरियट के नजदीक, प्लैनेटोरियम, अम्बेडकर पार्क के रास्ता से सर्किट हाउस के बगल में पहुंचेला। जल निकाय के निर्माण के जिम्मेदारी भी फूड पार्क बनावे वाली फर्म के दिहल गईल बा। दूसरा चरण में निर्माण, सजावट, पुल अवुरी जॉगिंग आदि के काम होई।

जीडीए के अधिकारी के मुताबिक, एकरा से प्लैनेटोरियम अवुरी अंबेडकर पार्क के जोड़ल जाई। एह दुनु जगहा पs सुन्दर घाट बनावल जाई। संगही, लोग के बईठे खातीर अलग-अलग जगह पs बेंच लगावल जाई।

जीडीए के उपाध्यक्ष आनंद वर्धन कहले कि जल निकाय के सौंदर्यीकरण से रामगढ़ताल इलाका के भव्यता बढ़ी। पहिला चरण में दू भाग में काम चल रहल बा। एकर जिम्मेदारी फूड पार्क बनावे वाली फर्म के दिहल गईल बा। बाकी हिस्सा खातिर जल्दिए कार्य योजना बनावल जाई। एकरा के पब्लिक प्राइवेट पार्टनरशिप मॉडल पs विकसित कईल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]