[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज में पूर्व बीडीसी के मारल गइल गोली: गंभीर हालत में गोरखपुर रेफर, बाइक से आइल दु बदमाश कइलें फायरिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उचकागांव थाना क्षेत्र के बालाहाता गांव के लगे मोटरसाइकिल सवार बदमाश ने एगो पूर्व बीडीसी के गोली मारके जख्मी कs देले सs आ मवका से फरार हो गइलें सs। ओहिजा स्थानीय लोगन के सहजोग से जख्मी के इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। प्राथमिक उपचार के बाद गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल। फिलहाल ओकर इस्थिति गंभीर बनल बा।

जख्मी के पहचान ऊंचकागांव थाना क्षेत्र के भगवानपुर गांव निवासी संजीव यादव के रूप में कइल गइल बा। संजीव यादव कवनो काम के लेके मोटरसाइकिल से बालाहाता गांव के बाजार गइल रहस। ऊ जइसही अपना मोटरसाइकिल के खड़ा कइलें ओइसही दूसरका बाइक पs सवार दु गो बदमाश उनका पीठ में गोली मार देलें। मवका से फरार हो गइल।

घटना के बाद मवका पs अफरा-तफरी के इस्थिति उत्पन्न हो गइल। स्थानीय लोगन के मदद से उनका के तत्काल इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल जहां डॉक्टर लोग इस्थिति के गंभीर देखत प्राथमिक उपचार के बाद बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर रेफर कs दिहल।

बतावल जात बा कि जख्मी व्यक्ति पूर्व बीडीसी रहलें। एकरा बाद मुखिया पद से चुनाव लड़ले रहस बाकिर ऊ हार गइल रहस। फिलहाल घटना के कारणन के पता नइखे चल सकल। पुलिस जांच में जुटल बिया। ऊंचकागांव थानाध्यक्ष बतवलें कि एगो व्यक्ति के गोली लागल बा। गोरखपुर रेफर कइल गइल बा। बदमाशन के पहचान कs के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]