[the_ad_group id="30365"]

मशरक- छपरा कचहरी रेलखंड के श्याम कौड़ियां स्टेशन पs गोरखपुर पाटलिपुत्र एक्सप्रेस के ठहराव सुरू, सांसद देखवलें हरियर झंडी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा: मशरक-छपरा कचहरी रेलखंड पs श्याम कौड़ियां स्टेशन पs गोरखपुर पाटलिपुत्र एक्सप्रेस के ठहराव से इसुआपुर समेत दर्जनन गांवन के यात्रियन के सीधा लाभ होई। अब पटना जाये खातिर कवनो बड़ स्टेशन आवे के जरूरत ना पड़ी। ई बात महाराजगंज भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल श्याम कौड़ियां रेलवे स्टेशन पs बतवलें।

रेल प्रशासन द्वारा यात्री जनता के सुविधा खातिर गाड़ी सं 15079/80 पाटलिपुत्र -गोरखपुर-पाटलिपुत्र एक्सप्रेस के प्रायोगिक आधार पs ठहराव दिनांक 10 जून 2023 से अगिला सूचना तक छपरा कचहरी मशरक छपरा कचहरी रेलखंड के श्याम कौड़ियां स्टेशन पs दिहल जा रहल बा। एह अवसर पs सनीचर के श्याम कौड़ियां स्टेशन पs आयोजित कार्यक्रम में महाराजगंज के भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल द्वारा गाड़ी संख्या 15080 गोरखपुर– पाटलिपुत्र एक्सप्रेस के श्याम कौड़ियां स्टेशन से हरियर झंडी दिखाके रवाना कइल गइल।

एह अवसर पs सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल अपना सम्बोधन में गोरखपुर पाटलिपुत्र एक्सप्रेस के सारण जिला के श्याम कौड़ियां स्टेशन पs ठहराव देवे खातिर रेल मंत्री आ रेल प्रशासन के आभार व्यक्त कइलें। आज से एकरा ठहराव से इलाका के लोगन के फायदा होई। इलाका के लोगन के इलाज, शिक्षा आ बेयपार खातिर पटना आ गोरखपुर जाये वाला यात्रियन के एकर पूरा लाभ मिली।

साभार: संजीवनी समाचार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]