Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: बदलल समय पs चलेगी गोरखपुर-ओखा एक्सप्रेस, इहां देखीं पूरा शेड्यूल

उत्तर मध्य रेलवे के वीरागंना लक्ष्मी बाई जंक्शन स्टेशन के प्लेटफार्म संख्या चार परs वाशेबुल एप्रेन के मरम्मत कार्य खातिर ब्लॉक दिहल जाये के कारण ट्रेनन के मार्ग में बदलाव कइल गइल बा। 

336

रेलवे प्रशासन के ओर से पश्चिम रेलवे के अहमदाबाद मंडल के अहमदाबाद, चांदलोडिया आ वीरमगाम स्टेशनन पs 15045/15046 ओखा-गोरखपुर-ओखा एक्सप्रेस के समय में संशोधन कइल गइल बा।

जानकारी के अनुसार, गोरखपुर से 17 अगस्त से चले वाली 15045 गोरखपुर-ओखा एक्सप्रेस अहमदाबाद स्टेशन पs 17:40 बजे पहुंचके 17:50 बजे छूटी। इहां से चांदलोडिया स्टेशन पs 18:08 बजे पहुंचके 18:10 बजे छूटी। वीरमगाम स्टेशन पs 18:58 बजे पहुंचके 19:00 बजे छूटी। संशोधित समय के मोताबिक ओखा से 20 अगस्त से चले वाली 15046 ओखा-गोरखपुर एक्सप्रेस अहमदाबाद स्टेशन पs 08:15 बजे पहुंचके 08:25 बजे छूटी।

मरम्मत के काम खातिर बदली ट्रेनन के रूट

उत्तर मध्य रेलवे के वीरागंना लक्ष्मी बाई जंक्शन स्टेशन के प्लेटफार्म संख्या चार परs वाशेबुल एप्रेन के मरम्मत कार्य खातिर ब्लॉक दिहल जाये के कारण ट्रेनन के मार्ग में बदलाव कइल गइल बा।

रेलवे से जारी सूचना के मोताबिक, ओखा से 20 आ 27 अगस्त, 03, 10 आ 17 सितंबर के चले वाली 15046 ओखा-गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस अपना निर्धारित मार्ग गुना-बीना-वीरांगना लक्ष्मी बाई जंक्शन-ग्वालियर के स्थान पs बदलल मार्ग गुना-शिवपुरी-ग्वालियर के रास्ते चलावल जाई। छपरा से 20 आ 29 अगस्त, 05, 12 आ 19 सितंबर के चले वाली 15101 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस साप्ताहिक एक्सप्रेस निर्धारित मार्ग प्रयागराज जं. गोविन्दपुरी-वीरांगना लक्ष्मीबाई जं.-ललितपुर के स्थान पs परिवर्तित प्रयागराज जं.-मानिकपुर-खजुराहो-ललितपुर के रास्ते चली।

लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 24 आ 31 अगस्त, 07, 14 आ 21 सितंबर के चले वाली 15102 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-छपरा साप्ताहिक एक्सप्रेस अपना निर्धारित मार्ग बीना-ललितपुर-वीरांगना लक्ष्मीबाई जं.-गोविंदपुरी-प्रयागराज जं. के स्थान पs परिवर्तित बीना-ललितपुर-खजुराहो-मानिकपुर जं. के रास्ते चलावल जाई।

622940cookie-checkGorakhpur News: बदलल समय पs चलेगी गोरखपुर-ओखा एक्सप्रेस, इहां देखीं पूरा शेड्यूल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.