[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: युवक के चाकू मार के हत्या, चाय के दुकान पऽ करत रहे नाश्ता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के खोराबर इलाका के एगो दोकान में नाश्ता करत बीएसएफ के रिटायर्ड जवान के बेटा के एतवार के रात करीब 9 बजे पांच अपराधी चाकू से हत्या कऽ देले। खून से लथपथ युवक के जिला अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां डॉक्टर ओकरा के मृत घोषित कऽ देले। सूचना पs पहुंचल पुलिस सीसीटीवी कैमरा के मदद से मामला के छानबीन शुरू क देलस।

खोराबर थाना क्षेत्र के हक्काबाद हरिजन बस्ती टोला निवासी रिटायर्ड बीएसएफ रामवृक्ष भारती के 25 बरिस के बेटा नकुल भारती के एतवार के रात करीब 8.40 बजे अपना दोस्त अविनाश के संगे पकवा चौराहा पs बाजार गइल रहले। उहाँ से एगो दोस्त के संगे घरे लवटत घरी उऽ एगो दोकान पs रुक के नाश्ता करे लगले। ठीक ओही घरी दोसरा गाँव के पाँच गो नवहा ओहिजा चहुँप गइले।

कवनो मुद्दा पs विवाद के बाद युवक नकुल पs चाकू से हमला कर घायल कऽ के भाग गइल। नकुल के भाई महेन्द्र भारती पहुंच के पुलिस के घटना के जानकारी देले। परिवार उनका के जिला अस्पताल ले गइल, जहां डॉक्टर उनका के मृत घोषित कऽ देले।

तीन भाई में नकुल सबसे छोट रहले। उऽ दु बच्चा के बापो रहले। मौत के बाद परिवार के लोग के हालत खराब बा आ रोवत बा। एह संबंध में सीओ कैंट अंशिका वर्मा कहली कि आरोपी के पहचान हो गइल बा। पुलिस टीम ओह लोग के खोज में लागल बिया। अबही तक शिकायत नइखे मिलल। शिकायत मिलते हत्या के मामला दर्ज हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]