[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: चोरी के 60 मोबाइल फोन के साथे दु जन गिरफ्तार, बांग्लादेश में करत रहले सप्लाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

रेलवे स्टेशन पे भईल भीड़ के फायदा उठावत बांग्लादेश में मोबाइल चोरा के बेचे वाला गिरोह के दु सदस्य के जीआरपी बुधवार के गिरफ्तार क लेलस। पुलिस रेलवे स्टेशन के गेट नंबर दु से आरोपी के गिरफ्तार क अदालत में पेश कईलस, जहां से उनुका के जेल भेज दिहल गईल। ओह लोग के लगे से 60 गो महँग मोबाइल बरामद भइल बा।

आरोपी के पहचान झारखंड के तलझाड़ी निवासी फेकन मंडल अवुरी पश्चिम बंगाल के साहेबगंज निवासी मुहम्मद समीउल शेख के रूप में भईल बा। सपा जीआरपी के डॉ. अवधेश सिंह एगो प्रेस कांफ्रेंस में गिरफ्तार बदमाश के बारे में जानकारी देले। एसपी बतवले कि जीआरपी स्टेशन प्रभारी विजय प्रताप सिंह टीम के साथे जांच करत रहले।

शक के आधार पे प्लेटफार्म नम्बर दु पे बैग लेके जात दु युवक के तलाशी लिहल गईल अवुरी ओ लोग से 60 मोबाइल फोन मिलल। पूछताछ में पाता चलल कि सभ मोबाइल फोन चोरी हो गईल बा।

आरोपी पहिले किराया के कमरा लेके आजमगढ़ जिला में रहत रहले। बुधवार के उ चोरी के मोबाइल लेके मालदा जाए खातीर रेलवे स्टेशन पे पहुंचल रहले। दुनों के जांच के दौरान जीआरपी पकड़ लिहलस। आरोपी बतवले कि पहिले उ लोग बांग्लादेश में मोबाइल बेचत रहले।

साभार- अमर उजाला

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]