[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News Today: गोरखपुर के बस स्टेशन के नइखे मिलत निवेशक, 92 करोड़ के प्रोजेक्ट पs लागल बा ग्रहण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Gorakhpur News In bhojapuri : गोरखपुर के रेलवे बस स्टेशन के जीर्णोद्धार खातिर कवनो कंपनी आगे नइखे आवत। एकरा चलते 6 महीना बाद भी 92 करोड़ के ए परियोजना पs कवनो काम नईखे भईल। उचित बस स्टेशन ना होखला के चलते लोग के बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ता।

गोरखपुर : उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में पीपीपी मॉडल के तहत रेलवे बस स्टेशन विकसित करे के परियोजना में निवेशक नईखे मिलत। यात्री बस स्टेशन पs बुनियादी सुविधा खातीर तरसतारे। इहाँ ना त शौचालय बा ना शुद्ध पीये के पानी। सड़क पs बस खड़ा हो गईल बा अवुरी भारी जाम से लोग परेशान बाड़े। बतावल जाता कि पीपीपी मॉडल के माध्यम से बस स्टेशन के निर्माण के तैयारी पछिला 6 साल से चलता।

एकरा खातिर कई बेर टेंडर निकलल रहे लेकिन अबे ले कवनो कंपनी एकरा मरम्मत के काम लेवे में रुचि नईखे देखवले। जानकारी के मुताबिक गोरखपुर बस स्टेशन से रोज 500 से जादा बस चलेले। लगभग 40 से 50 हजार लोग यात्रा करेला। एकरा से रोडवेज के 20 से 25 लाख के कमाई होला। अब बस स्टेशन के मरम्मत खातीर 92 करोड़ रुपिया खर्च करे के बा, लेकिन कवनो कंपनी ए परियोजना में रुचि नईखे देखवले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]