[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: महिला मित्र के उपहार लेवे के चाहत में गंवा दिहले 25 हजार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : जालसाज साइबर अपराध के एगो नाया चाल अपना के 25 हजार रुपया में युवक के धोखा देले। आरोप बा कि फेसबुक से दोस्ती अवुरी व्हाट्सएप पs चैट कईला के बाद एगो युवती उपहार भेजे के नाटक कईलस। फिर डिलीवरी वाला 25 हजार रुपया डिलीवरी के नाम पs ले गईल। 65 हजार के फेर से मांगला पs युवक के जालसाजी के अहसास भईल अवुरी ओकरा बाद उ कैंट थाना में मामला दर्ज करवले। साइबर विशेषज्ञ आ कैंट पुलिस एह मामिला के जाँच करत बिया।

जानकारी के मुताबिक बिंलदपुर निवासी सुग्रीव यादव तहरीर में लिखले बाड़े कि 3 मई के उनुका फेसबुक पs फ्रेंड रिक्वेस्ट आईल रहे। तब लईकी व्हाट्सएप नंबर पूछ के गपशप करे लगली। हम कुछ ना समझ पवनी आ उनका से बतियावे लगनी। तब उ गिफ्ट भेजे के बारे में लिखली अवुरी 12 मई के एगो नंबर से फोन आईल, उ अपना के डिलीवरी बॉय के रूप में पेश कईले अवुरी कहले कि इ उनुकर पार्सल ह। एकरा खातिर ग्राहक शुल्क के रूप में 35 हजार रुपया देवे के होई, फिर कहलस कि इ काम सिर्फ 25 हजार रुपया में होई। दू नंबर से 25 हजार रुपया भी भेज देनी। फेर फोन क के कहले कि पार्सल में पईसा, सोना चांदी बा, त अउरी 65 हजार रुपया देवे के होई। एकरा बाद उनुका जालसाजी के अहसास हो गईल अवुरी उ फेर पईसा ना भेजले। रविवार के पुलिस तहरीर के आधार पs मामला दर्ज करवले बिया। प्रभारी निरीक्षक रणधीर मिश्रा बतवले कि तहरीर के आधार पs मामला दर्ज करा के मामला के जांच कईल जाता।

साभार- अमर उजाला

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]