[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सरकारी धन के गबन के आरोपी पूर्व महिला प्रधान आ पति के भइल जेल, शौचालय बनावे में कइले खेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पुलिस अतवार के दिने सरकारी धन के गबन के आरोपी करमहां बुजुर्ग के पूर्व प्रमुख गुड्डी देवी आ उनुकर पति मनोज मोदनवाल के जेल भेज दिहलस। संगही आरोपी जोड़ा पs 15-15 हजार रुपया के इनाम के घोषणा भईल।

जानकारी के मुताबिक करमहां निवासी अच्छेलाल के शिकायत पs डीएम जांच के आदेश देले रहले। संयुक्त मजिस्ट्रेट गांव में स्वच्छ भारत मिशन के तहत बनल शौचालय के निरीक्षण कईले रहले। एहमें ग्राम निधि छह के खाता से 11.68 लाख रुपिया के गबन के पुष्टि भइल। पूर्व गांव के मुखिया अवुरी उनुका पति के बैंक कर्मचारी के संगे मिल के 112 चेक के माध्यम से पईसा निकाले के दोषी पावल गईल।

3 जनवरी 2023 के डीएम के निर्देश पs पति-पत्नी से 11.68 लाख रुपिया के आधा रकम वसूली खातीर आरसी जारी भईल। एकरा बावजूद दुनो लोग डीपीआरओ कार्यालय में रकम ना जमा कईले। एकरा बाद एसडीएम दुनो के चल अवुरी अचल संपत्ति से गबन के रकम के वसूली खातीर आरसी जारी कईले रहे। पुलिस दुनो के संपत्ति के जब्त करे के कार्रवाई में लागल रहे। एही बीच दुनों के पुलिस गिरफ्तार क लेलस। अतवार के दिने पुलिस आरोपियन के अदालत में पेश कइलस जहाँ से ओह लोग के जेल भेज दिहल गइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]