[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सपा नेता काजल निषाद से जालसाजी, केस दर्ज

Crime : news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरेगांव सोसाइटी में सपा नेता आ अभिनेत्री काजल संजय निषाद के फ्लैट देवे के नाम पs दू गो डेवलपर आ एगो निर्माण कार्य सप्लायर उनुका से 70 लाख रुपिया के ठगी कर दिहलस. काजल निषाद के शिकायत पs महाराष्ट्र के दिंडोशी पुलिस मंत्री रियल्टीज के सरिता मंत्री, सुनील मंत्रि अवुरी सिनर्जी कंस्ट्रक्शन के मालिक शांति नारायण राठी के खिलाफ मामला दर्ज कईले बिया।

काजल निषाद बतवले कि आरोपी जवन फ्लैट पईसा लेला के बाद देवे के वादा कईले रहे, उs फ्लैट विवादित निकलल। प्राथमिकी के मुताबिक, कथित धोखाधड़ी दिसंबर 2015 से फरवरी 2016 के बीच भईल बा। फ्लैट बेचे के दौरान सरिता मंत्री अवुरी शांति नारायण के दावा बा कि इs फ्लैट सरिता के पति सुनील के हs।

एकरा बाद दुनो पक्ष के बीच समझौता भईल अवुरी रजिस्ट्रेशन के औपचारिकता पूरा हो गईल। हालांकि बाद में काजल निषाद के पता चलल कि फ्लैट के मालिकाना हक पs विवाद बा। भुगतान भईला के एक दिन बाद उहाँ कोर्ट के नोटिस भी चिपकल रहे।

उनुका फ्लैट पs कब्जा ना मिलल, एहसे उs आपन पईसा के मांग कईली। 2021 में समझौता करे के कोशिश कईल गईल। तय भईल कि तीनों आरोपी 85 लाख रपिया वापस कs दिहे। हालांकि उs मात्र 15 लाख रुपिया देले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]