[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर समाचार : गोरखपुर विश्वविद्यालय के नियंता प्रो. गोपाल प्रसाद दिहले इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : गोरखपुर विश्वविद्यालय के नियंता प्रो. गोपाल प्रसाद विश्वविद्यालय के कुलपति पे अशोभनीय आचरण के आरोप लगावत अपना सभ पद से इस्तीफा दे देले। उ कहले कि उनुका खातीर सम्मान से जादे कुछूओ जरूरी नईखे। विश्वविद्यालय के कुलपति के व्यवहार से नाराज उ सभ पद से इस्तीफा दे देले बाड़े।

प्रो. गोपाल प्रसाद बतवले कि उ आपन इस्तीफा व्हाट्सएप के माध्यम से कुलपति के भेजले बाड़े। व्हाट्सएप मैसेज के माध्यम से उ कुलपति पद के संगे विश्वविद्यालय के निदेशक, रामप्रताप शुक्ल छात्रावास, अंतर्राष्ट्रीय नेपाली छात्रावास के वार्डन आ दर्शनशास्त्र के अध्यक्ष पद से भी इस्तीफा दे देले बाड़े। उ कहले कि कुलपति के ओर से उनुका संगे लगातार अशोभनीय शब्द के प्रयोग होता। कवनो विश्वविद्यालय के शिक्षक खातिर सम्मान सबसे बड़ बात होखेला, लेकिन कुलपति के आचरण एकर एकदम उल्टा बा। अयीसना में उनुका सोझा इस्तीफा देवे के अलावे कवनो विकल्प नईखे रह गईल।

साभार- अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]