[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: शीतलहर के दस्तक से सबेरे रहल घन कोहरा, घाम निकले के नइखे उम्मेद

शीतलहर के दस्तक से गोरखपुर सबेरे रहल घन कोहरा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


गोरखपुर :
नया साल के पहिले सोमार से सुरू भइल शीतलहर समूचा क्षेत्र के चपेट में ले लेले बा। ठंडा हवा आ गिरते तापमान जनजीवन के प्रभावित कs देले बा।मौसम विभाग के मोताबिक, आज माने बुध के अधिकतम तापमान 20°C आ न्यूनतम तापमान 9°C तक रहे के संभावना बा। 40-50 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से चल रहल तेज हवा ठंडा के असर के आउर बढ़ा रहल बा।

ठंडा के असर: घाम गायब, चल रहल बा ठंडा हवा

आसमान में घन बादल छाइल बा आ सूरज के किरण शहर से नदारद बा। मौसम विशेषज्ञन के कहनाम बा कि आज से ठंडा के प्रकोप आउर बढ़ी। एह साल ठंडा देर से दस्तक देले बा आ एकरा लमहर समय तक रहे के संभावना बा। मौसम विभाग के एक्सपर्ट डॉ. कैलाश पांडे बतवलें, “शीतलहर के चलते तापमान में गिरावट जारी रही। आवे वाला दिनन में ठंडा के असर आउर बढ़ी। सबेरे आ रात के समय कोहरा बढ़ला के संभावना बा, जवना से विजिबिलिटियो पs असर पड़ी।

स्वास्थ्य विशेषज्ञन के सलाह: सावधानी बरतीं

तेज ठंडा के देखत हेल्थ एक्सपर्ट्स लोगन के सतर्क रहे के सलाह देले बा लो। डॉक्टर बुजुर्ग, लईका आ पहिले से बेमार लोगन के विशेष सावधानी बरते के कहल गइल बा। स्वास्थ्य विशेषज्ञन के अनुसार, ठंडा से बचे खातिर एह बातन के ध्यान रखला के जरूरत बा:

  • हमेसा गरम कपड़ा, टोपी आ मफलर पहनीं।
  • गरम पेय पदार्थन के सेवन करीं।
  • लईकन आ बुजुर्गन के बाहर जाये से बचाई।
  • देह के हाइड्रेटेड रखीं आ ठंडा पानी से बचीं।

शीतलहर के मद्देनजर अलर्ट जारी

मौसम विभाग चेतावनी जारी कइले बा कि अगिला कुछ दिनन तक शीतलहर के प्रकोप बनल रही। सरकारी आ गैर-सरकारी संस्थानन के लोगन के ठंडा से बचावे के उपाय करे के सलाह दिहल गइल बा। सार्वजनिक स्थानन पs अलाव के बेवस्था करे के निरदेस दिहल गइल बा।

बचाव खातिर जरूरी कदम

लोगन से अपील कइल गइल बा है कि ऊ लोग ठंडा से बचाव खातिर सावधानी बरते। मौसम के एह बदलाव के धेयान में रखत सब जरूरी डेग उठाई। ठंड के ई दौर लमहर चल सकत बा, एहिसे खुद के आ अपना परिवार के सुरक्षित रखे के उपाय करीं। ठंडा के ई बढ़त दौर ना खाली मौसम के बलुक लोगन के दिनचर्या तक के पूरा तरे बदल देले बा। आवे वाला दिनन में ठंड के असर आउर बढ़े के संभावना के चलते सतर्क रहल बहुते जरूरी बा।

Read Also: DDU Holiday: गोरखपुर विश्वविद्यालय जारी कइलस वर्ष-2025 के छुट्टियन के सूची

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]