Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: संदिग्ध परिस्थिति में गड्ढा में मिलल शव, पहुंचल पुलिस

चौक थाना क्षेत्र के गाँव परासखाड़ में शुक्रवार के एगो अधबूढ़ आदमी के लाश सड़क के किनारे एगो गड्ढा में संदिग्ध परिस्थिति में मिलल बा। गांव के लोग के जानकारी पs पुलिस पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस।

463

 

शुक्रवार के गांव के कुछ बच्चा चौक थाना क्षेत्र के गांव परासखाड़ में स्थित मोबाइल टावर के नजदीक सड़क के किनारे गड्ढा में मछरी पकड़त रहले। अचानक लइका लोग लाश के गड्ढा में उतारत देख के चिल्लाए लगले। कुछ देर बाद उहाँ भीड़ जमा हो गईल। मौका पs सीओ सदर अजय सिंह चौहान अवुरी थाना प्रमुख प्रशांत पाठक गांव के लोग के मदद से लाश निकलवा देले। लाश के पहचान पुरंदरपुर थाना क्षेत्र के टेढ़ी के वनग्राम कानपुर दर्रा निवासी राजेन्द्र साहनी के रूप में भईल बा। मौका पs पहुंचल मरेवाला के पत्नी चंद्रवती अपना पति के लाश देख के जोर से रोवे लगली। चंद्रवती बतवली कि हमार पति गुरुवार के दुपहरिया में भटोलिया कुटी में भंडारा में खाना खाए गईल रहले। देर साँझ ले जब ऊ घरे ना लवटल त ऊ लोग ओकरा के खोजल, बाकिर ओकरा के ना मिलल। इ बात कहते बेहोश हो गईली अवुरी जमीन पs गिर गईली।

थाना प्रमुख चौक प्रशांत पाठक बतवले कि लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा। मौत के कारण रिपोर्ट मिलला के बाद ही पता चल जाई।

 

 

636300cookie-checkGorakhpur News: संदिग्ध परिस्थिति में गड्ढा में मिलल शव, पहुंचल पुलिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.