[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: डेयरी संचालक  पेट्रोल छिड़के खुद के आग लगवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामगढ़ताल थाना क्षेत्र के बड़गो रानीबाग न्यू कॉलोनी निवासी डेयरी संचालक वीरेंद्र यादव (45) मंगल के रात करीब आठ बजे अपना प पेट्रोल छिड़क के आग लगा देले। गंभीर हालत में पुलिस अवुरी परिवार के लोग उनुका के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करवले बाड़े।  घटना के कारण पारिवारिक विवाद बतावल जाता।  रामगढ़ताल थाना के पुलिस एs जानकारी ले पहुंच के मामला के छानबीन में जुटल बिया।

पुलिस के मुताबिक मंगल के रात बड़गो रानीबाग न्यू कालोनी निवासी वीरेंद्र कुमार यादव आत्महत्या के प्रयास कईले। घर में डेयरी चलावेले अवुरी रुस्तमपुर में दूध-दही के दोकान भी बा।  शाम के दूध बांट के घरे लवटल।

साँझ के करीब आठ बजे ऊ अपना पs पेट्रोल डाल के अपना घर के लगे खाली प्लाट में आग लगा दिहलस.  स्थानीय लोग कवनो तरीका से आग बुता के पुलिस के सूचना देले।  मौका पs पहुंचल पुलिस परिवार के लोग के मदद से वीरेंद्र यादव के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करवलस।

पुलिस के जांच में पता चलल कि विरेंद्र यादव के घर में पछिला तीन-चार दिन से पारिवारिक झगड़ा चलत रहे। एह में कवनो ना कवनो बात के चिंता उनुका अधिका रहे.  मंगल के दिने दूध बाँट के लवटल तs अपना घर के लगे आत्मदाह करे के कोशिश कइलस.  वीरेंद्र के पांच बच्चा, तीन बेटी अवुरी दु बेटा बाड़े।  छोटकी बेटी ग्रेजुएशन करत बिया।  बतावल जाता कि बच्चा के लेके कवनो मुद्दा पs परिवार में विवाद चलता।

मंगल के  रात एगो डेयरी संचालक कवनो मुद्दा पs आग लगा के आत्महत्या के कोशिश कइलस.  आग बुझावे के बाद उनुका के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल।  घटना के पीछे के कारण के पता एक बेर जब उs आपन बयान देवे के स्थिति में आ गईले तs पता चल जाई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]