[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: बादल छाइल रहला से घाम नदारद, पछुआ आ बर्फीली हवा बढ़वलस ठिठुरन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: शहरी आ ग्रामीण इलाकन में मंगर के पूरा दिन बादल छाइल रहला से घाम नदारद रहल। मौसम विभाग एकरा के पहाड़न पs हो रहल बर्फबारी के असर बतवले बा। दिनभर लोग बर्फीली हवा से ठिठुरे के मजबूर रहल। अधिकतम तापमान में चौबीस घंटा में छव डिग्री सेल्सियस से जादे के गिरावट दर्ज कइल गइल। मौसम विभाग अभियो दु दिन अइसही मौसम के अनुमान जतवले बा। सर्दी बढ़ला के संगही लोग जैकट, टोपी, मफलर आ स्कार्फ पहिनले सड़कन पs लउके लागल बा।

मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार सिंह बतवलें कि निचला क्षोभमंडल में इस्थिरता के कारण दिन आ रात के तापमान में अंतर बहुत कम हो गइल बा। एकरा अलावे पहाड़ी इलाकन से आ रहल ठंडा उत्तरी-पश्चिमी हवा के संयुक्त प्रभाव से दिन के तापमान में प्रभावी गिरावट के परिणामस्वरूप कोल्ड डे (शीत दिवस) जइसन परिस्थिति उत्पन्न हो गइल बा। एक जनवरी तक बिना कवनो विशेष परिवर्तन के मौसम के अइसही जारी रहला के अनुमान बा। सोमार के अधिकतम तापमान 18.3 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। ओहिजा, रात के न्यूनतम तापमान 13.7 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल बा। अतवार के अधिकतम तापमान 25 आ न्यूनतम तापमान 10.8 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल रहे।

ठंड से बचाव खातिर करीं ई उपाय

  • दु-तीन लेयर में गरम कपड़ पहिनी
  • घर से बहरी निकलत घरी गमछा भा मफलर के उपयोग करीं
  • हीटर भा अंगीठी के सुरक्षित उपयोग करीं
  • गरम पेय जइसन चाय, सूप आ एक बेर काढ़ा के प्रयोग करीं
  • सबेरे घाम निकलला के बादे सैर करे जाईं
  • दिल के रोगी कोहरा में घरे में ही बेयाम करीं

Read Also: New year 2025: नया साल के पहिलका दिन दुनिया के आबादी भी बनाई रिकॉर्ड

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]