[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर समाचार : स्पाइसजेट के जगह अकासा एयर, जानि कब से उड़ान शुरू हो सकता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हवाई अड्डा के निदेशक अनिल कुमार द्विवेदी बतवले कि अकासा एयर के अधिकारी दिल्ली अउऽरी मुंबई के उड़ान शुरू करे खातीरऽ अनुमति मंगले बाड़े। हवाई अड्डा प्राधिकरण से अनुमति मिलला के बाद गर्मी के कार्यक्रम में उड़ान शुरू हो जाई। गोरखपुर से दिल्ली खातिर रोज तीन गो, मुंबई खातिर एगो, कोलकाता, हैदराबाद आ लखनऊ खातिर एगो उड़ान चलतऽ रहेला. आकाशा एयर के आगमन से यात्रियन के राहतऽ मिली।

अकासा एयर गोरखपुर से दिल्ली आ मुंबई खातिर उड़ान भरे के तइयारी शुरू कऽ देले बिया । अगर सबकुछ ठीक से चललऽ तऽ गर्मी के कार्यक्रम (28 मार्च) से उड़ान शुरू हो जाई। अकासा एयर के अधिकारी 7 मार्च के गोरखपुर अइहें आ एह योजना पऽ चरचा करीहें ।

अयोध्या से देश के अलगा-अलगा राज्य में हवाई सेवा शुरू होखला के बाद स्पाइसजेट एक फरवरी से दिल्ली अउऽरी मुंबई खातीर उड़ान भरत दुनो विमान के शिफ्ट कऽ देलस। अधिकारी कहले रहले कि मार्च के अंतिम सप्ताह में फेर से गोरखपुर से उड़ान शुरू कऽ दिहे, लेकिन इ संभावना खतम होतऽ देखाई देता।

गोरखपुर हवाई अड्डा से अपना कर्मचारी के हटावला के बाद कंपनी कार्यालयो से सामान शिफ्ट करे लागलऽ। हवाई अड्डा के निदेशक अनिल कुमार द्विवेदी बतवले कि अकासा एयर के अधिकारी दिल्ली अउऽरी मुंबई के उड़ान शुरू करे खातीर अनुमति मंगले बाड़े। हवाई अड्डा प्राधिकरण से अनुमति मिलला के बाद गर्मी के कार्यक्रम में उड़ान शुरू हो जाई।

खाली इंडिगो आ एलायंस एयर के विमान उड़ान भरतऽ बा ।स्पाइस जेट के उड़ान बंद होखला के चलते अब गोरखपुर हवाई अड्डा से सिर्फ इंडिगो अउऽरी एलायंस एयर के विमान उड़ान भरता। गोरखपुर से दिल्ली खातिर रोज तीन गो, मुंबई खातिर एगो, कोलकाता, हैदराबाद आ लखनऊ खातिर एक-एक उड़ान चलतऽ रहेला ।

हवाई अड्डा के निदेशक अनिल कुमार द्विवेदी बतवले कि अकासा एयर के अधिकारी दिल्ली अवुरी मुंबई के उड़ान शुरू करे खाती अनुमति मंगले बाड़े। हवाई अड्डा प्राधिकरण से अनुमति मिलला के बाद गर्मी के कार्यक्रम में उड़ान शुरू हो जाई। गोरखपुर से दिल्ली खातिर रोज तीन गो, मुंबई खातिर एगो, कोलकाता, हैदराबाद आ लखनऊ खातिर एक-एक उड़ान चलतऽ रहेला ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]