[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur New: जमीन हड़पे के आरोप में सपा नेता राकेश यादव अउरी उनुकर सहयोगी के खिलाफ मुकदमा दर्ज 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur new: जमीन हड़पे के आरोप में सपा नेता राकेश यादव अउरी उनुकर सहयोगी के खिलाफ मुकदमा दर्ज

सपा उत्तर मनोज अवस्थी बतवले कि रविश कुमार के तहरीर के आधार पे पुलिस मामला दर्ज क लेले बिया। पुलिस जांच अउरी सबूत के आधार पे आगे के कार्रवाई करी।

गोरखपुर जिला के सहजनवान पुलिस सपा नेता राकेश यादव आ उनुका साथियन के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बिया| आरोप बा कि जमीन के नाप के बाद लगावल पत्थर के उखाड़ के राकेश अपना साथी के संगे जमीन पे कब्जा करे के कोशिश कईले। पुलिस तहरीर के आधार पे दर्ज मामला दर्ज मामला के जांच करतिया।

जानकारी के मुताबिक सहजनवान के देवापर डुगडुईयां निवासी रविश कुमार तहरीर में पुलिस के लिखले बाड़े कि उ 25 फरवरी 2021 के मुख्यमंत्री के जनता दरबार में हाजिर होके आवेदन देले रहले। एकरा बाद आयुक्त के आदेश पे प्रशासनिक टीम जमीन नाप के पत्थर लगा देलस।

कुछ दिन बाद सपा नेता अपना साथी लोग के संगे आके जमीन पे कब्जा करे के मंशा से पत्थर उखाड़ देले। विरोध कइला पे जान से मारे के धमकी दिहल गइल |

सपा उत्तर मनोज अवस्थी बतवले कि रविश कुमार के तहरीर के आधार पे पुलिस मामला दर्ज क लेले बिया। पुलिस जांच अउरी सबूत के आधार पे आगे के कार्रवाई करी।

साभार- अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]