[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: महिला सशक्तीकरण के ओर बढ़त नगर निगम, अब महिला लो घर-घर से इकट्ठा करिहें कूड़ा, वसूलीहें शुल्क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महिला सशक्तिकरण के मद्देनजर नगर निगम आ जिला शहरी विकास एजेंसी (डुडा) स्वच्छ भारत मिशन अर्बन के तहत घर-घर कचरा संग्रहण में स्व-सहायता समूह के महिला के जोड़ रहल बा। निगम कचरा संग्रहण खातीर 10 महिला लो के चार डिब्बा वाला तिपहिया उपलब्ध करवले बा। कचरा बटोरे के संगे इs महिला लो यूजर चार्ज भी वसूली करीहे, जवना के एगो हिस्सा ओ लोग के दिहल जाई। जल्दिए 100 महिला लो के एs योजना में शामिल कईल जाई।

मेहरारू लो ओहिजा जइहें जहाँ बड़का गाड़ी ना चहुँप पाई

ट्राइसाइकिल वितरण समारोह में स्वच्छ भारत मिशन के उपनगरीय आयुक्त आ नोडल अधिकारी डॉ. मणि भूषण तिवारी आ डुडा परियोजना अधिकारी विकास सिंह दस गो महिला लो के चार डिब्बा वाला ट्राइसाइकिल उपलब्ध करवले। एह नवाचार से शहर के ओह वार्डन में जहाँ बड़का गाड़ी कचरा संग्रहण खातिर ना जा सके, ओह वार्डन में सेल्फ हेल्प महिला समूह के महिला सदस्यन के मदद से ट्राइसाइकिल पs डोर टू डोर कचरा संग्रहण कइल जाई।

एह ट्राइसाइकिल में भींजल आ सूखल कचरा के अलग अलग कम्पार्टमेंट में राखल जाई। ताकि महानगर के सभ घर-प्रतिष्ठान से अलग भईल शत-प्रतिशत कचरा एकट्ठा कs के ढोवे के काम हो सके। कचरा वसूली के संगे इs महिला यूजर चार्ज भी वसूली करीहे।

उप नगर आयुक्त डॉ. मणि भूषण तिवारी महिला सशक्तिकरण के ध्यान में राखत नगर निगम गोरखपुर इs कदम उठवले बा बतवनी। आगे जाके शहर के सभ वार्ड में इs व्यवस्था लागू होई। एकरा खातीर खुद समूह से महिला के चयन कईल जाता। जल्दिए फैसला लिहल जाई कि ओह लोग के पर्याप्त मजदूरी मिल जाव।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]